बेहाया के बेहयाई कथा

का जमाना आ गयो भाया,आजु अचके भोरे भोरे मन गाँव के डगर ध·  लेहलस। अब जब मन गाँव के डगर चलि पड़ल बा , त गाँव के बातियो मन परे लागल बा। हमरा गाँव में जब पछिम का ओर से केहू जाई , त गाँव के चौहद्दी में डेग रखते पहिले पहिल एगो गड़ही देखाई पड़ी ।  लागेला जइसे कि सोवागत के सगरे दारमोदार ओकरिए ओपर बा। गाँव के लोगन से लइकइयाँ में सुनले रहली कि घर बनावे खातिर माटी टोला भर के लोग इहवें से निकलले रहे । एह घरी गाँव के पुरुब आ पछिम दूनों ओर प्रवेश द्वार बनि गइल बा । गाँव के विकास खातिर आवे वाले सरकारी धन के बंदरबाँट करे खातिर एहसे लमहर काज कुछ अउर होइयो ना सके। जब प्रवेश द्वार बनलें सन, त ओहनी के नामकरण के बातो ज़ोर सोर से उठल। पुरुब द्वार के नाँव गाँव के एगो स्वतन्त्रता सेनानी स्व0 श्री लक्ष्मी शंकर श्रीवास्तव जी के नाँव पर खुसी खुसी रखा गइल। बाक़िर पछिम के द्वार के नाँव राखे में खूब अझुरहट आ अंगुरी उठउवल भइल। राजनीति त पुछबे मति करीं, देस के राजनीतियो से लमहर भइल। खैर हार पटक के लोग पछिम द्वार के नाँव ‘लोकतन्त्र सेनानी  स्व0 श्री संकठा दुबे द्वार रखलें। पछिमी द्वार के भीतरि डेग रखते उ गड़ही जवन अब पोखरा के रूप धइ लिहले बा, चारो ओर पेड़ पालो लाग गइल बा। एगो-दूगो घाटो बन गइल बा ।

हमनी के लइकइयाँ में गड़ही के उत्तर का ओर आधा से बेसी आ पूरे पूरा दखिन का ओर बेहाया के राज रहे । बरसात में बारिस के पानी से गड़ही भर जात रहे, जवन भर जाड़ा हरियर काई से लदाइल रहत रहे । बाक़िर  गरमी में जब गड़ही सुखा जात रहे। गरमी में रोज संझा के बेरा लइकन के लुका छिपी के खेल क मैदान बन जात रहे। बाक़िर गरमी से झुरात झपेटात बेहाया के हरियरी बनल रहत रहे। झुरलको बेहयवा के कुछ लोग तूर बटोर के लगवना खातिर लेइयो जात रहे। बेगर कवनो डर के लइकन के कूदल फानल आ बेहाया के उपरि झूलल रोज के आदत में जुड़ल रहे।

बेहाया के बात अवते हमरा केशव मोहन पाण्डेय जी के एगो किताबि ‘कुछ चिंतन कुछ सुध’ के सुधि आ गइल। एह किताबि के एगो संस्मरणात्मक आलेख ‘जहाँ हबड़ा के पुल तहाँ बने इस्कूल’के इयाद बलात मन में पइस गइल । चउरिया –चउरिया के जामल-जमल गझिन बेहाया  पर लइकन के गीतियो मनहर लागल ह-

“जहाँ हबड़ा के पुल

तहाँ बने इस्कूल।

मास्टर मार दिया एक रूल

लड़का भाग गये बिल्कूल”।

एह गीतिया के पढ़ले से त इहे बुझात बा कि मास्टर लोग के रूल पड़ते लइका लोग सब भाग जात रहलें। मने ओह घरी के लइकन में मार के डर रहल, तबे नु भाग जात रहलें सन। आजु के समय त इस्कूल से बहरे निकलते मास्टर साहेब के पीठ पूजा करे लगते सन। पूजा त पूजा अउर पता ना का का करते सन। जंतर मंतर पर भइल जेन जी के परदरसन के देखि के सहजे बुझात बाटे। पुलिस के मौजूदगी के कवनो डर भय बचले नइखे । देस के परधान मंत्री तक के बकसते नइखे, दोसरा तीसरा के बाति छोड़ीं सभे। उहाँ के जुटान में चहुंपल लइकन के हाल देखि के ओहनी के माई बाप सरमा जइहन बाक़िर ओहनी सभन के जरिको सरम नइखे। लइका त लइका, लइकिनी सभन चार डेग अउर आगु बाड़ी सन। संस्कृति आ संस्कार खातिर जानल जाये वाला देस में संस्कृति आ संस्कार दूनों सरम से डूब मरल होई। नंग पने के सगरी हद पार करत अपना के जेन जी कहाए वाली पीढ़ी कहाँ जा रहल बा, केकरो पता नइखे।

गज़ब चस्का बा जेन जी कहाये के । 56 बरिस के 99 बेरी मुँह खा चुकल मनरखना आ ओकर बहिनिया दूनों ओह भीड़ के हिस्सा बन के अइठत चलत रहलें सन। धक्का मुक्की करत बेरा अपने गरिमा के लात मारत देखइलें सभ। मनराखन के कई गो संघतिया सब उहाँ दाँत चियारत, अंट संट बउवात देखइलें। लागल त अइसन रहल कि ई कुल्हि बरियार दरजे क सुल्फा बाज हउवें सन। बेमतलब के बकलोली करत देस के जाति के झगड़ा में झोंकत, मुंगेरी लाल अस परधान मंत्री के कुरसी के सपना देखत बाड़े सन।  ओइसे त हमरा बिसवास बाटे कि रउवा सभे नरेटिव से जियादा हकीकत के समुझे-बूझे वाला हईं। ई लोकतन्त्र हउवे बबुआ, इहाँ ढेर कुछ गढ़ात आ ढहात रहेला। इति श्री बेहयाई कथा ।

 

  • जयशंकर प्रसाद द्विवेदी

संपादक

भोजपुरी साहित्य सरिता

 

Related posts

Leave a Comment