‘भीरिया के मारल तिवइया’ के बहाने लोक आस्था आ लोक बिसवास के बाति

भोजपुरी लोकजीवन में छठ महापर्व आस्था, भक्ति, लोकविश्वास, पारिवारिक मंगलकामना आ सामाजिक एकजुटता के अद्भुत पर्व ह। प्रस्तुत गीत ‘भीरिया के मारल तिवइया’ में गीतकार जे पी (जयशंकर प्रसाद द्विवेदी) छठी मइया आ सूर्यदेव के प्रति लोकमन के अगाध श्रद्धा के अत्यंत सहज, सरस आ लोकधर्मी भाषा में अभिव्यक्त कइले बाड़ें। गीत के मूल स्वर भक्ति, विश्वास, समर्पण आ मंगलकामना ह।

गीत के आरंभिक पंक्ति “भीरिया के मारल तिवइया / तिवई काहें पछताय” में लोकजीवन के एगो भावनात्मक स्थिति सोझा आ रहल बा। मनुष्य के दुख, चिंता आ परेशानी के बीच छठी मइया पर भरोसा रखे के संदेश गीतकार दे रहल  बाड़ें। “भगती संग करी ना पुजनिया / छठी माई होइहें सहाय” में ई विश्वास अउरी प्रगाढ़ होत देखाई दे रहल बा कि सच्चा मन से कइल गइल पूजा-भक्ति जीवन के संकट से उबारे के शक्ति रखेला।

गीत के अगिला अंतरा छठ पर्व के दृश्यात्मक चित्र खींच रहल बाटे—

“दउरा में भरि भरि फर फरहरिया
नंगे पाँव चलेलें बरती डहरिया”

एह पंक्तियन में छठ के पारंपरिक अनुष्ठान, दउरा, फल-प्रसाद आ नंगे पाँव घाट तक जाए वाली व्रती के तपस्या के सुंदर चित्र उकेरल गइल बा । ‘डहरिया’, ‘फरहरिया’, ‘बरती’ जइसन शब्द गीत के भोजपुरी लोकस्वर आ लोक मानस से जोड़ रहल  बा। इहाँ भाषा आ भाव  किताबि के ना बलुक सोझे  लोकजीवन से निकलल बा।

“उग्गत सुरूज के अरघिया / सुरूज देव होइहें सहाय”

गीत के धार्मिक आ आध्यात्मिक केंद्र ह। उगत सूर्य के अर्घ्य देवे के दृश्य छठ पूजा के सबसे पवित्र क्षणन में से एगो ह। गीतकार सूर्यदेव के जीवनदाता आ संकटहारी शक्ति के रूप में देखत बाड़ें। एह अंश में प्रकृति-पूजा आ लोकआस्था के सुंदर समन्वय दिखाई दे रहल बा।

गीत के तीसरा अंतरा छठ के सामुदायिक स्वरूप के सामने ले के आ रहल बा —

“माई के गीत गूँजत भर नगरिया
घर के सवांग सब बनिहें कंहरिया”

छठ केवल व्यक्तिगत पूजा ना, बल्कि पूरा परिवार आ समाज के उत्सव ह। घर-आँगन से लेके गली-मुहल्ला तक छठी मइया के गीत गूँजेला। ‘कंहरिया’ शब्द के प्रयोग से गीत में लोक-संस्कृति के रंग अउरी गाढ़ हो गइल बा। “भगती में रंगल लोगवा” पूरा वातावरण के भक्ति के रंग में रंगाइल बा, एकर अनुभूति कवि महसूस करि रहल बा ।

गीत के अंतिम अंतरा लोकमंगल के भावना के विस्तार  करि रहल बा —

“बेटा बेटी चाही भा कवनो परेसनियाँ
छठी मइया दूर करि दीहें निसनियाँ”

संतान-सुख, पारिवारिक समृद्धि आ जीवन के अनेक समस्या से मुक्ति के कामना छठ-व्रत के लोकविश्वास के महत्वपूर्ण हिस्सा ह। गीतकार एह विश्वास के बिना किसी जटिलता के सरल भाषा में व्यक्त कइले बाड़ें। एह से गीत आम भोजपुरी समाज के भावनात्मक अनुभव से सहज रूप से जुड़ रहल बा ।

गीत के सबसे उल्लेखनीय विशेषता भोजपुरी लोकभाषा के स्वाभाविक प्रयोग ह। ‘तिवइया’, ‘पुजनिया’, ‘दउरा’, ‘फरहरिया’, ‘बरती’, ‘डहरिया’, ‘अरघिया’, ‘नगरिया’, ‘लोगवा’, ‘गीतिया’ आदि शब्द गीत में लोकगीत के मिठास पैदा करि रहल बा । तुक, लय आ दोहराव के कारण ई गीत गावे में सहज आ सुनला में मधुर प्रतीत होई, ई हमरा बिसवास बा ।

साँच कहल जाव त ‘भीरिया के मारल तिवइया’ छठ महापर्व के धार्मिक आ सांस्कृतिक चेतना के लोकधर्मी अभिव्यक्ति ह। एह में आस्था के साथे परिवार, समाज, प्रकृति आ लोकपरंपरा के सुंदर समन्वय मिलेला। गीतकार के सफलता एह बात में बा कि ऊ छठ के विराट सांस्कृतिक स्वरूप के सरल भोजपुरी शब्दन में समेट देले बाड़ें। ई गीत छठी मइया के प्रति लोकविश्वास, व्रती के तपस्या आ भोजपुरी समाज के सामूहिक भक्ति के मधुर दस्तावेज बनके सोझा आइल बा। अइसन सुघर आ सुमधुर गीत खातिर गीतकार के ढेर सारी बधाई आ शुभकामना ।

 

 

  • ज्योति पाण्डेय

गाजियाबाद

 

Related posts

Leave a Comment