ठेकुआ

अबकी छठ में सोमेसर के छुट्टी के जोगाड़ ना भइल त मने मन सोचलन कि अंत ले एको दू दिन के छुट्टी मिल जाई त तत्काल में टिकट लेके निकल जाइब।ओने माई के रोज फोन आवे कि कसहूं चल आव बाबुओ तोरा बिनु छठ उदास हो जाई।माई से बात करत – करत सोमेसर भरूआ जास आ आँखि कगरी लोर आ जाय।ना उनुका ऑफिसे मन लागे ना घरे।नाहाय – खाय के एक दिन पहिले बास से कहले कि दू दिन के छुट्टी दे दीं सर हम सोमार के समय से ऑफिस आ जाइब,पारन के एतवारे ह। बाॅस कहलन छुट्टी के दिक्कत बा ऑफिस के अधिका लोग पहिलहीं चल गइल बा, तूहूं जानत बाड़ऽ।ना मनबऽ त जा बाकिर सोमार इयाद रखिहऽ।सोमेसर सुनते स्टेशन तत्काल टिकट खातिर निकल गइले। कवनो ट्रेन में ना जाये के ना आवे के टिकट मिलल। दलाल स्लीपर के टिकट पटना के चार हजार माँगऽ सं। सोमेसर सोचलन कि चार हजार टिकट के दे देब त छठ आ लौटे के का होई। कवनो उपाय ना देखि मन मारि डेरा लौट गइलन।नहाय – खाय के दिन ना पहुंचलन त माइयो समझ गइली कि सोमेसर एह छठ में ना अइहें।

सोमेसर छठ के प्रसाद खाये बास के घरे बिना बुलवले चल गइलन।ऊ जानत रहन कि महेंद्र से माई छठ के ठेकुआ भेजी बाकी ना जाने ऊ कब अइहें।छठ के प्रसाद माँगी के खाइल जाला इहे सोच बास घरे भोरे – भोर पहुंच गइलन। मेमसाब सोमेसर के प्रसाद देली आ ऊ ठेकुआ उठवलन त ओह में उनुका माई के फोटो लउके आ ऊ गाँव के छठ घाट प माई के लगे पहुंच गइले।आँखि से लोर चल देलस।ई देखि मेमसाब टोकली सोमेसर प्रसादी खा,कहाँ चल गइलऽ तूं?  ठेकुआ बगली में रखत कहले कि ठेकुआ देखि माई इयाद आ गइली ह। सोमेसर जल्दी – जल्दी प्रसाद खाके डेरा देने बढ़ गइले।

  • कनक किशोर

राँची, झारखंड

चलभाष – 9102246536

Related posts

Leave a Comment