छठ गीत

भीरिया के मारल तिवइया तिवई काहें पछताय । भगती संग करी ना पुजनिया छठी माई होइहें सहाय । दउरा में भरि भरि फर फरहरिया नंगे पाँव  चलेलें बरती डहरिया उग्गत सुरूज़ के अरघिया सुरूज़ देव होइहें सहाय । माई के गीत गूँजत भर नगरिया घर के सवांग सब बनिहें कंहरिया भगती में रंगल लोगवा पूजे छठी माई के जाय। बेटा बेटी चाही भा कवनो  परेसनियाँ छठी मइया दूर करि दीहें निसनियाँ जेपी के रचल गीतिया उनुका पूजन बनि जाय ।   जयशंकर प्रसाद द्विवेदी गीत के लिंक : InMotion Hosting…

Loading

Read More

छठी माई क महिमा

आजु कहनी सुनाएब बार बार सइयाँ जी। छठी माई क महिमा,अपरम्पार सइयाँ जी॥   त्रेता में सीता मइया कइली छठ बरतिया रामराज पसरल, परजा सुखी दिन रतिया जुग जुग के मिलल माई क दुलार सइयाँ जी॥ छठी माई क महिमा——   द्वापर में कुंती जब कइली छठ बरतिया करण जइसन बेटा पवनी अद्भुत सुरतिया उनुका पराकरम के खिस्सा हजार सइयाँ जी॥ छठी माई क महिमा——   जुआ में हरलें पांडव आपन दउलतिया द्रोपती के छठ बरत के सुनाइल बतिया माई किरपा से लउटल सब असरार सइयाँ जी॥ छठी माई क…

Read More

कउने जनम भरब हम हानि

लेहीं खेवइया कइसे मईया मर जाई हमरो पानी। कउने जनम भरब हम हानि।।   ताना मारी बुढ़ गदेला।। काहें उतराई ले लेला।। बेला कठिन रहे रघुवर क कइला पुरजोर तू मनमानी। कउने जनम भरब हम हानि।।   तोहके लाज ना आयल भईया।। काहें मांग लिहा उतरईया।। नइया पार लगावे वाला सबकर केहू न हमके जानी। कउने जनम भरब हम हानि।।   सबकर होई सवाल अनेका।। तू त कई दिहला अनदेखा।। कइसे एक सुहागिन क लिहला तू कँगन बिछुआ मांगी। कउने जनम भरब हम हानि।।   हम त राम के जानी…

Read More

बिरोध

मुखिया के चुनाव में रामप्रसाद फेर हार गइलन। उनका हारे से जादे एकर दुःख रहे कि महेंद्र प्रसाद जीत गइल रहस। पछिला पाँच साल में महेंद्र प्रसाद जनता के हित में बहुत काम कइले रहस। सड़क, नाली, सफाई, सोलर रोशनी, शिक्षा, चिकित्सा, सुरक्षा सब तरफ उनकर काम देखाई देत रहे। हर तबका के लोग उनकर काम से बहुत खुश रहे। एहसे चुनाव में उनका भोट माँगे खातिर जाएके ना पड़ल, उनकर कामे उनका के जिता देलस। रामप्रसाद लगे पइसा रहे, चुनाव में खूब खरचा कइलन। भोट माँगे घरे-घर गइलन। ऊ…

Read More

ठेकुआ

अबकी छठ में सोमेसर के छुट्टी के जोगाड़ ना भइल त मने मन सोचलन कि अंत ले एको दू दिन के छुट्टी मिल जाई त तत्काल में टिकट लेके निकल जाइब।ओने माई के रोज फोन आवे कि कसहूं चल आव बाबुओ तोरा बिनु छठ उदास हो जाई।माई से बात करत – करत सोमेसर भरूआ जास आ आँखि कगरी लोर आ जाय।ना उनुका ऑफिसे मन लागे ना घरे।नाहाय – खाय के एक दिन पहिले बास से कहले कि दू दिन के छुट्टी दे दीं सर हम सोमार के समय से ऑफिस…

Read More

भोजपुरी के जाति गीत : संदर्भ आ सौंदर्य

  भोजपुरी लोक साहित्य में लोकगीतन के बहुते समरिध परंपरा बा। लोकगीतन में सगरे समाज के संवेदना मुखर होके सोझा आइल बा। कवनो परिवार आ समाज के जाने-समुझे के एगो बरियार माध्यम लोकगीतनके मानल जा सकेला। भोजपुरिया समाज अपने रीति-रेवाजन के जी भर जियेला,बरतेला आ ओहमें सउनाइलो रहेला। जब भोजपुरिया समाज में मनोरंजन के कवनो साधन ना रहे त लइकन-बचवन के बझावे-मनावे खाति जवन सभे ले कारगर उपाय रहल, उ कहनी सुनल-सुनावल रहल। ओहि लेखा समाज आपन मनोरंजन गीत,संगीत आ नाच में हेरत-पावत रहे ।एकरा चलते भोजपुरी समाज के सोझा…

Read More

‘भीरिया के मारल तिवइया’ के बहाने लोक आस्था आ लोक बिसवास के बाति

भोजपुरी लोकजीवन में छठ महापर्व आस्था, भक्ति, लोकविश्वास, पारिवारिक मंगलकामना आ सामाजिक एकजुटता के अद्भुत पर्व ह। प्रस्तुत गीत ‘भीरिया के मारल तिवइया’ में गीतकार जे पी (जयशंकर प्रसाद द्विवेदी) छठी मइया आ सूर्यदेव के प्रति लोकमन के अगाध श्रद्धा के अत्यंत सहज, सरस आ लोकधर्मी भाषा में अभिव्यक्त कइले बाड़ें। गीत के मूल स्वर भक्ति, विश्वास, समर्पण आ मंगलकामना ह। गीत के आरंभिक पंक्ति “भीरिया के मारल तिवइया / तिवई काहें पछताय” में लोकजीवन के एगो भावनात्मक स्थिति सोझा आ रहल बा। मनुष्य के दुख, चिंता आ परेशानी के…

Read More

बेहाया के बेहयाई कथा

का जमाना आ गयो भाया,आजु अचके भोरे भोरे मन गाँव के डगर ध·  लेहलस। अब जब मन गाँव के डगर चलि पड़ल बा , त गाँव के बातियो मन परे लागल बा। हमरा गाँव में जब पछिम का ओर से केहू जाई , त गाँव के चौहद्दी में डेग रखते पहिले पहिल एगो गड़ही देखाई पड़ी ।  लागेला जइसे कि सोवागत के सगरे दारमोदार ओकरिए ओपर बा। गाँव के लोगन से लइकइयाँ में सुनले रहली कि घर बनावे खातिर माटी टोला भर के लोग इहवें से निकलले रहे । एह…

Read More

भोजपुरियत के थाती से कुछ बात-बतकही

भोजपुरी भाषा आ साहित्य पर अनथकले सन् 2001 से काम करे वाला बेकती, पेशा से अध्यापन आ मन से पूरे का पूरा भोजपुरिया डॉ प्रमोद कुमार तिवारी जी के भोजपुरी के ई पहिल कृति ह। इहाँ के भोजपुरी भाषा खातिर समर्पित संस्था ‘आखर’ के थिंक टैंक का रूप में चर्चित बानी । भोजपुरी में कउनो विषय के तर्क आ प्रमाण का संगे राखे में इहाँ के महारत हासिल बा। महारत हवा में हासिल ना होला, मने इहाँ के जबर पढ़ाकू बानी । जवना के बानगी इहाँ के लेखनी से निकसल…

Read More

हमरा गाँव के जेन जी (Gen Z)

हमरा गांव के जेनजी, पर बड़ा विश्वास बा। उनके सुनर काम पर, मन में भरल विश्वाश बा।। ​आजकल हमरा गाँव में बहुते बदलाव देखे के मिल रहल बा। पाहिले के जमाना अलग रहे, लोग दलान पर बैठ के खैनी रगड़त रहे आ कक्का-काकी के किस्सा-कहानी सुनत रहे। पर अब जमाना आ गइल बा हमरा गाँव के ‘जेन जी’ यानी आज के नया लईका-लईकिन के। ​जेन जी के लईका सब के रहन-सहन आ सोच एकदमे अलगे बा। गाँव के पीपल तर बईठ के इ लोग अब गप्प-सप ना मारे, बल्कि हाथ…

Read More