‘भीरिया के मारल तिवइया’ के बहाने लोक आस्था आ लोक बिसवास के बाति

भोजपुरी लोकजीवन में छठ महापर्व आस्था, भक्ति, लोकविश्वास, पारिवारिक मंगलकामना आ सामाजिक एकजुटता के अद्भुत पर्व ह। प्रस्तुत गीत ‘भीरिया के मारल तिवइया’ में गीतकार जे पी (जयशंकर प्रसाद द्विवेदी) छठी मइया आ सूर्यदेव के प्रति लोकमन के अगाध श्रद्धा के अत्यंत सहज, सरस आ लोकधर्मी भाषा में अभिव्यक्त कइले बाड़ें। गीत के मूल स्वर भक्ति, विश्वास, समर्पण आ मंगलकामना ह। गीत के आरंभिक पंक्ति “भीरिया के मारल तिवइया / तिवई काहें पछताय” में लोकजीवन के एगो भावनात्मक स्थिति सोझा आ रहल बा। मनुष्य के दुख, चिंता आ परेशानी के…

Read More