मुखिया के चुनाव में रामप्रसाद फेर हार गइलन। उनका हारे से जादे एकर दुःख रहे कि महेंद्र प्रसाद जीत गइल रहस। पछिला पाँच साल में महेंद्र प्रसाद जनता के हित में बहुत काम कइले रहस। सड़क, नाली, सफाई, सोलर रोशनी, शिक्षा, चिकित्सा, सुरक्षा सब तरफ उनकर काम देखाई देत रहे। हर तबका के लोग उनकर काम से बहुत खुश रहे। एहसे चुनाव में उनका भोट माँगे खातिर जाएके ना पड़ल, उनकर कामे उनका के जिता देलस।
रामप्रसाद लगे पइसा रहे, चुनाव में खूब खरचा कइलन। भोट माँगे घरे-घर गइलन। ऊ कवनो विकास के बात ना करत रहस। ऊ सबके एके बात कहत रहस, ‘‘पाँच साल के मुखियागिरी में महेंद्र प्रसाद सरकारी निधि खा गइलन आ कवनो काम नइखन करइले।’’ बाकिर रामप्रसाद के कुप्रचारों के बाद महेंद्र प्रसाद भरपूर भोट से जित गइलन।
महेंद्र प्रसाद के कामे उनकर पहचान रहे। गाँव-जवार के लोग उनका के पसंद करते रहे, सरकारी तंत्रों में उनकर नीमन पहचान बन गइल रहे। उनकर ई बढ़ंती रामप्रसाद के बहुत खराब लागत रहे। ऊ जल-भून के रह जात रहस। महेंद्र प्रसाद के विरोध में ऊ सरकारी महकमा में लिखा-पढ़ी करे लगलन। गाँवों में उनका विरोध में मीटिंग कर-करके लोग के भड़कावे लगलन। बाकिर गाँव वाला महेंद्र प्रसाद के ईमानदारी से कइल काम देख के बहुत खुश रहे। आसपास के पंचायतो में उनकरा काम के चर्चा होखे लागल रहे।
रामप्रसाद के जब महेंद्र प्रसाद के बिरोध में कुप्रचार के कवनो लाभ ना बुझाइल त ऊ पंचायत भवन के सामने धरना पर बइठ गइलन। शांतिपूर्ण धरना रहे, बाकिर दिन भर माइक के हो-हल्ला से उहवाँ के वातावरण अशांत हो गइल रहे। पहिलका दिन धरना स्थल पर करीब दू दर्जन लोग रहे। बाकी दूसरके दिन से उहवाँ आदमी के संख्या कम होके चार-पाँच पर आ गइल। रात के उहवाँ मुर्ग मुसल्लम के बेवस्था रहे। एहसे दिन में भले चारे-पाँच आदमी देखाई देत रहस, बाकिर साँझ होअते उहवाँ कुछ आउर लोग आ जात रहस। धरना स्थल पर लोग आवे आ खा-पी के ओह लोग के पक्ष-विपक्ष में बतिआ के चल जात रहस।
पंचायत भवन लगे धरना एकदम असफल हो गइल। रामप्रसाद सोचलन कि महेंद्र प्रसाद के असली बेइज्जती प्रखंड कार्यालय लगे धरना देला से होखी। ऊ उहवाँ धरना शुरू कर देलन। चाय-पानी के बेवस्था देख के दूर-दराज से आइल दोसरो इलाका के लोग उहवाँ बइठ जात रहस। प्रखंड कार्यालय में लोग तरह-तरह के काम खातिर आवत रहस। खड़े-खड़े थाक गइला पर ऊ कुछ देर धरना स्थल पर बइठ के चाय-पानी पी लेवत रहस। रामप्रसाद मीडिया वालन के बोला के बन्हिया से नास्ता-पानी करवा देले रहस। जब पता चलल कि धरना महेंद्र प्रसाद के बिरोध में हो रहल बा त दोसरे दिन से मीडिया वाला आवल बंद कर देलस। महेंद्र प्रसाद के गुणगान मीडिया में हमेशा होत रहत रहे।
प्रखंड कार्यालय के बाद रामप्रसाद जिला कार्यालय लगे धरना देवे के मन बनइलन। बाकिर मुद्दा मालूम भइला पर उनका धरना के अनुमति ना मिल पाइल। कुछ वकील लोग केस करे के राय देलस। बाकिर रामप्रसाद के विरोध में कवनो दम ना रहे। ऊ एगो नया तरीका सोचलन। दू गो मजदूर ले के रात में जहाँ-तहाँ के सड़क आ नाली तुड़वावे लगलन, जेसे महेंद्र बाबू के काम में नुक्स निकल सको। ई बात मीडिया वालन के मालूम हो गइल। दूसरके दिन रामप्रसाद के करतूत के चर्चा सब जगह होखे लागल। बात आगे बढ़ल आ सरकारी संपत्ति के नुकसान पहुँचावे के आरोप में ऊ गिरफ्तार हो गइलन। जेल में आपन कहानी बतावत ऊ कहलन, ‘‘अगिला चुनाव में महेंद्र प्रसाद के हराके जरूर हम मुखिया बन जाएब।’’
—0—
- अंकुश्री
8, प्रेस कॅालोनी, सिदरौल,
नामकुम, राँची (झारखंड)-834 010
मो0 62049 46844
E-mail : ankushreehindiwriter@gmail.com