भोजपुरी नाव के महाभारत काल से जुड़ाव !

तेग अली तेग, भोजपुरी के पहिला गजलकार हवे आ 1895 के करीब इनिकर पहिला गजल संग्रह ” बदमाश दर्पण ” प्रकाशित भइल रहे जवन इनिकर 23 गो भोजपुरी गजलन के संग्रह ह । एह किताब के दोबारा प्रकाशन ज्ञानमण्डल (वाराणसी) से पं. शिवप्रसाद मिश्र ” रुद्र कशिकेय’ जी एह किताब के ” तेग अली और कशिका’ नाव से प्रकाशित कइनी । बाद में पं. पुरुषोत्तमलाल दवे ‘ऋषि’ जी एह किताब के ‘ बदमाश दर्पण’ नाव से प्रकाशित कइनी आ फेरु 2002 में विश्वविद्यालय प्रकाशन से इ किताब ‘ बदमाश-दर्पण ‘ प्रकाशित भइल ।

इ बात एह किताब के प्रकाशकीय में पुरुषोत्तमदास मोदी जी लिखले बानी ।

एहि किताब के प्रस्तावना में नारायण दास जी बड़हन प्रस्तावना लिखले बानी । एह प्रस्तावना में उहां के तेग अली तेग जी के परिचय, उहां के गजलन के बारे में बतावत भोजपुरी भाषा के इतिहास आ साहित्य प संछेप में बाकिर जरुरी चर्चा कइले बानी । लगभग 7 पन्ना (14 पेज) में इहां के प्रस्तावना लिखले बानी आ एहि प्रस्तावना में इहां के दू गो जानकारी बड़ा संछेप में लिखले बानी ।

तेग अली के भाषा

एह प्रस्तावना में नारायण दास जी बड़ा सोझ आ सपाट शब्द में लिखले बानी कि तेग अली के मातृभाषा ‘ भोजपुरी ‘ रहे ।

भोजपुरी क इतिहास

एह में नारायणदास जी, प्राचीन संस्कृति भा वैदिक संस्कृति के दू हिस्सा में देखावत बानी, एगो लौकिक संस्कृत आ दुसरका प्राकृत के जनम के बात क रहल बानी । प्राकृत आ लौकिक संस्कृत के मेल से पाली (प्राकृत के एगो रुप) के जनम भइल आ एह से शौरसेनी, मागधी आइल आ जहाँ शौरसेनी आ मागधी के मेल भइल ओह के अर्द्ध-मागधी कहि रहल बानी जवन बिहार आ पुर्वांचल के भाषा ह । एहि में भोजपुरी आवेले । नारायणदास जी एहिजा, ग्रियर्सन के दिहल नाव “बिहारी भाषा” के बात करत बिहारी भाषा के हिन्दी के उपभाषा लिखले बानी आ एहि बिहारी भाषा के पश्चिमी बिहारी के भोजपुरी नाव दिहल बा । इहां के लिखत बानी कि एहि क्षेत्र के शाहबाद के ‘भोजपुर’ के नाव प ‘ भोजपुरी ‘ नाव पड़ल ।

भोजकट, से भोजपुरी ( महाभारत काल से जुड़ाव)

नारायण दास जी पौराणिक शब्द कोश, पृ 385, हिन्दी शब्द सागर के रेफरेंस ले के लिखत बानी कि –

भोजपुर के नाव पहिले भोजकट रहे जवन रुक्मी के राजधानी रहे । कथा ह कि महाभारत काल में विदर्भ के राजकुमार रुक्मी अपना बहिन रुक्मिणी के वियाह शिशुपाल से करावे खातिर आयोजन कइले रहले । बाकिर रुक्मिणी त वासुदेव कृष्ण से प्रेम करत रहली आ रुक्मिणी के संदेसा पा के भगवान कृष्ण, रुक्मिणी के अपना संगे ले के चल गइले । भगवान कृष्ण के रुक्मी संगे युद्ध भइल जवना में रुक्मी युद्ध हार गइल । एह हार से दुखी हो के उ प्रण कइलस कि जबले उ भगवान कृष्ण के वध ना करी तबले उ विदर्भ के राजधानी कुण्डिनगर में गोड़ ना धरी । चुकि रुक्मी के प्रण पुरा ना भइल एह से उ जरासंध के के राज्य के लगे भोजकट नाव के नगर बसा के रहे लागल ।

चक्रे भोजकटं नाम निवासाय महत्‌ पुरम्‌ ।

अहत्वा दुर्मति कृष्णामप्रत्यूह यवीयसीम्‌ ।

कुपिडनं न प्रवेक्ष्यामीत्य्क्त्वा तत्रावसद्‌ रुषा ॥

(श्रीमद्‌भागवत, 10-54-52)

शिशुपाल, रुक्मी आ मगधराज जरासंध इ तीनो लो भगवान कृष्ण के विरोधी रहे आ एहि से रुक्मी आपन नगर जरासंध के छत्रछाया में यानि कि मगध राज्य के एगो हिस्सा में भोजकट नगरी बसवले । बाद में एहि भोजकट के नाव भोजपुरी पड़ल ।

नारायण दास जी के इ लेख, तेग अली तेक के किताब ‘बदमाश दर्पण’ के प्रस्तावना में पढे के मिल जाई । पौराणिक आधार के बात करत, महर्षि विश्वामित्र के समयकाल में उनुकर जजमान, भोजा लोगन के नाव आवेला । चुकि महर्षि विश्वामित्र के कर्मस्थली बक्सर के आसपास रहे एह से इहो एगो आधार हो सकेला कि भोजा लोगन के नगर भोजकट भा भोजनगरी भा भोजपुर रहे ।

बिल्कुल इ कुल्ह प्राचीन आ पौराणिक बात ह, एह कुल्ह के भाषाशास्त्र के हिसाब से भा भाषा विज्ञान के हिसाब से कवनो ठोस सबूत नइखे मिलल आ इतिहास, प्रमाण जोहेला । तबो, अतना त तय बा कि एह क्षेत्र के भाषा के नाव एह क्षेत्र के नगर से पड़ल होई आ इहो तय बा कि सातवा-आठवा शताब्दी में जब एह भाषा में लिखाए के प्रमाण मिल रहल बा (साधु संत पंथ लोगन के लेखनी में), त एह के माने इहे होई कि एह भाषा के बोले वाला आमजन त ओह से पहिले के होइहें ।

कुल्ह मिला के ‘भोजकट से भोजपुर आ भोजपुरी’ हमरा खातिर नया जानकारी रहल ह, त सोचनी ह कि भगवान कृष्ण के समयकाल से जुड़ल एह जानकारी के रउवा सभ संगे शेअर कइल जाउ । एह किताब के जरुर पढीं सभे । एह किताब में तकरीबन 100 गो से बेसी अइसन शब्द भोजपुरी के बड़ुवे जवन अब लगभग विलुप्त हो चुकल बा ।

 

साभार – बदमाश दर्पण, पुरुषोत्तमदास मोदी, नारायण दास

संकलन – नबीन कुमार

Related posts

Leave a Comment