तेग अली तेग, भोजपुरी के पहिला गजलकार हवे आ 1895 के करीब इनिकर पहिला गजल संग्रह ” बदमाश दर्पण ” प्रकाशित भइल रहे जवन इनिकर 23 गो भोजपुरी गजलन के संग्रह ह । एह किताब के दोबारा प्रकाशन ज्ञानमण्डल (वाराणसी) से पं. शिवप्रसाद मिश्र ” रुद्र कशिकेय’ जी एह किताब के ” तेग अली और कशिका’ नाव से प्रकाशित कइनी । बाद में पं. पुरुषोत्तमलाल दवे ‘ऋषि’ जी एह किताब के ‘ बदमाश दर्पण’ नाव से प्रकाशित कइनी आ फेरु 2002 में विश्वविद्यालय प्रकाशन से इ किताब ‘ बदमाश-दर्पण ‘…
Read MoreDay: October 7, 2026
करिखा
” इन्क्लाब जिन्दाबाद….। जिला प्रशासन होश में आ…। बलात्कारियन के सजा देवे पड़ी…। सलोनी के न्याय देवे पड़ी…।” सलोनी के लाश के संगे हाथ में माइक लेले जुलूस के नेतृत्व करत सुलोचना जोरदार नारा लगावत पूरा शहर बाजार से होत जिलाधिकारी के कार्यालय के नियरा जुलूस अब धरना प्रदर्शन में बदल गइल । शहर के मलिन बस्ती के रहेवाली सलोनी एगो होनहार दलित छात्रा । इंटर से स्नातक तक विश्वविद्यालय टांपर, एम ० ए० के छात्रा रहे। एगो दलित छात्रा के विश्वविद्यालय टांपर भइला से जातिवादी छात्रन के आंख…
Read Moreभोजपुरी लोक संस्कृति : खान-पान आ परिधान
भोजपुरी लोक संस्कृति बिहार,उत्तर प्रदेश के पूर्वाञ्चल आ झारखंड के कई हिस्सन में पसरल एगो समरिध आ पुरान जीवन शैली ह। भोजपुरी लोक संस्कृति एगो लमहर पइसार वाली संस्कृति ह, जवन ओह क्षेत्र के रहनिहार लोगन के जिनगी के हर कोना-अँतरा में ससरि के बइठल बा। ई संस्कृति मनई के जिनगी जिये के कला का संगे सुघर आ अनुसासित बनावेले। एह क्षेत्र में अलग-अलग परंपरा आ रीति-रेवाजन के विधि-विधान जिनगी के जिये खातिर जरूरी साधन बनि चुकल बा। मनई के जिनगी खातिर घर, महल, किला, गाँवन के बनावट-बुनावट, भोजन, शिक्षा,…
Read Moreभोजपुरी लोकगीतन में भारतीय संस्कार आ परम्परा
भारतीय सभ्यता संस्कृति ओकर पौराणिक जन-जीवन , रहन –सहन , खान-पान , दुख-विलाप , हर्ष- उल्लास का साठे जीवन का हरेक पहलू जनम से लेके मरन तक के बखान हमनी का लोकगीत भा लोकगाथा में गतिबद्ध बा, जवन एक पीढ़ी से दूसरा पीढ़ी तक आसानी से पीढ़ी दर पीढ़ी भेंटत बा। कवनो भी क्षेत्र के पौराणिक वस्तु स्थिति के जाने के खातिर उहाँ क भाषा में रचल बसल साहित्य के अवलोकन होला । हरेक क्षेत्र के आपन एगो अलग लोक संस्कृति , रीति-रिवाज , खान-पान, पर्व-त्योहार , रहन-सहन के साथ …
Read More