करिखा

  ” इन्क्लाब जिन्दाबाद….।  जिला प्रशासन होश में आ…। बलात्कारियन के सजा देवे पड़ी…। सलोनी के न्याय देवे पड़ी…।”   सलोनी के लाश के संगे  हाथ में माइक लेले जुलूस के नेतृत्व करत सुलोचना जोरदार नारा लगावत पूरा शहर बाजार से होत जिलाधिकारी के कार्यालय के नियरा जुलूस  अब धरना प्रदर्शन में बदल गइल । शहर के मलिन बस्ती के रहेवाली सलोनी एगो होनहार दलित छात्रा ।  इंटर से स्नातक तक विश्वविद्यालय टांपर,  एम ० ए० के छात्रा रहे।  एगो दलित छात्रा के विश्वविद्यालय टांपर भइला से  जातिवादी छात्रन के आंख…

Read More

नकाबपोश

“गोड़ लागतानी …… बाबा  !”  पंडी जी के दसई,  फरके से गोड़ लगलें । “जय हो ……!  का आइल बाड़े दसई, कवनो काम का बा रे हमरा से ?” ” हं … बाबा ! तनी गृह प्रवेश के दिन पूछे के रहे रउवा से ” सुन  … दसई अब हम छोट जात में पूजा- पाठ, विवाह – शादी,कथा- वर्ता करावे खातिर अलगा – अलगा रेट बान्ह देले बानी। काम कके कीच कीच कइल ठीक ना लागे। हतना लेलीं, त होतना लेलीं । हं बाकिर चमरन के छोड़ के तोहनी  के…

Read More

फितूर

” चोर चमार गांव में फितूर मचा के रखले रहन सं साला…! बरियात से लवटते बटोराहे भेंटा गइलें सं । लाठी डंडा लेले सभे टूट परल ओहनिन पर। अकेले बंदूक लेले हमहीं । तीन गो के गोली मरनी सरवन के। बाकी लोग लाठी डंडा से मारत मारत भहरा देंले । खदेर खदेर के मरले लोग।  केतना के कपार फूटल। केतना के हाथ टूटल। खूब बढ़िया से थूरा गइले सं । अब नेवर हो जइहे सं । एगो अउरी चीज देखलS लोग कि ना… मारे में कूरिमियों आ अहिरों एक दू…

Read More