आजु कहनी सुनाएब बार बार सइयाँ जी।
छठी माई क महिमा,अपरम्पार सइयाँ जी॥
त्रेता में सीता मइया कइली छठ बरतिया
रामराज पसरल, परजा सुखी दिन रतिया
जुग जुग के मिलल माई क दुलार सइयाँ जी॥
छठी माई क महिमा——
द्वापर में कुंती जब कइली छठ बरतिया
करण जइसन बेटा पवनी अद्भुत सुरतिया
उनुका पराकरम के खिस्सा हजार सइयाँ जी॥
छठी माई क महिमा——
जुआ में हरलें पांडव आपन दउलतिया
द्रोपती के छठ बरत के सुनाइल बतिया
माई किरपा से लउटल सब असरार सइयाँ जी॥
छठी माई क महिमा——
राजा प्रियब्रत के ऋषि पुत्रेष्टि जग करवले
नवें महीना मालिनी रानी के बेटा जनमलें
मुअल लइका देखि राजा बेजार सइयाँ जी।
छठी माई क महिमा——
आत्मघात के सोचलें राजा जात समसाने
राजा के सोझा हे अइली छठी माई बहाने
कहलीं पूजा के किरती अपार सइयाँ जी।
बेटा होते गूँजल जय-जयकार सइयाँ जी।
छठी माई क महिमा——
अजुओ ले छठी माई के लमहर किरीतिया
आईं मिली जुली सभे कइल जाव बरतिया
माई कामना पुरइहें हर बार सइयाँ जी।
छठी माई क महिमा——
- जयशंकर प्रसाद द्विवेदी