भोजपुरी लोक साहित्य में लोकगीतन के बहुते समरिध परंपरा बा। लोकगीतन में सगरे समाज के संवेदना मुखर होके सोझा आइल बा। कवनो परिवार आ समाज के जाने-समुझे के एगो बरियार माध्यम लोकगीतनके मानल जा सकेला। भोजपुरिया समाज अपने रीति-रेवाजन के जी भर जियेला,बरतेला आ ओहमें सउनाइलो रहेला। जब भोजपुरिया समाज में मनोरंजन के कवनो साधन ना रहे त लइकन-बचवन के बझावे-मनावे खाति जवन सभे ले कारगर उपाय रहल, उ कहनी सुनल-सुनावल रहल। ओहि लेखा समाज आपन मनोरंजन गीत,संगीत आ नाच में हेरत-पावत रहे ।एकरा चलते भोजपुरी समाज के सोझा लोकगीतन के लमहर भंडार तइयार भइल । मनई त मनई ,भोजपुरी समाज के महिला लोग अपना प्रेम, बिरह, खुसी आ पीर के एही लोकगीतन में हेरत-पावत रहलीं। इहे उ भोजपुरिया लोक संस्कृति ह, जवन सदियन से बलखात अल्हण नदी लेखा बहत चलल आ रहल बा।
भारतीय सभ्यता संस्कृति ओकर पौराणिक जन-जीवन , रहन –सहन , खान-पान , दुख-विलाप , हर्ष- उल्लास का साथे जीवन का हरेक पहलू जनम से लेके मरन तक के बखान हमनी का लोकगीत भा लोकगाथा में गतिबद्ध बा, जवन एक पीढ़ी से दूसरा पीढ़ी तक आसानी से पीढ़ी दर पीढ़ी भेंटत बा।
भोजपुरी जाति गीत समाज के विभिन्न व्यवसाय आ जीवनशैली के सोझा परोसे आ मनोरंजन के एगो अंग रहे । भोजपुरी में जातिगत गीत मूल रुप से जातिगत ना हो के श्रम आधारित गीत ह बाकिर सदियन से वर्ण-व्यव्स्था में कर्म के लिंक जाति से भइल त जाहिर बा एह कर्म-विशेष गीत , जाति विशेष गीत बन गइल ।
अहीर जाति के गीत :
कर्म शील लोगन में जाति आधारित गीत खूब गवात रहलें, जवना में मेहरारून के सुख-दुख त रहबे कइल, उनुका मनोरंजन का संगही थकान मेटावे के एगो अस्त्र लेखा रहे। अक्सरहाँ एह गीतन के थकान के भुलवावे भा काम पर जाये के पहिले के तइयारी के बेरा गावल जात रहे।
‘कतनों अहिरा होई सुजान
बिरहा छोड़ि न गावै आन।’
सभेले चर्चित जाति गीतन में बिरहा के जिकिर होला । बिरहा में मेहनतकश आदमी के पीर आ ओकर मन के विरोध सुनाई पड़ेला।एगो बिरहा में स्त्री के पीड़ा देखीं-
‘‘पिया पिया कहत पियर भइली देहिया, लोगवा कहेला पिंडरोग।
गंउवा के लोगवा मरमियों ना जानेले, भइले गवनवा ना मोर।’’
अहीर जाति के एगो अउर गीत विधा ढेर प्रचलित रहे, जवन अब गवें गवें बिला रहल बा। ओह विधा के फरुवाही के गीत कहल जात रहे। ई समूह गीत हवे , जवना 10-12 लोग के समूह मिल के गावत रहे आ बीच बीच में करतब देखावत रहे। जवना के भोजपुरिया इलाका में लोग खूब पसन करत रहे । एगो फरुवाही गीत देखीं-
‘‘धुरिया लगावे धुरियाहवा कहाले, गिरही मारेले फरुवाह
उलटा दोकछवा मारे अहिरा बलकावा, जिनकर बटुरि नंवेले करिहाव।’’
लोरिकी भा लोरिकायन गाथात्मक गीत होलीं जवन अहीर जाति के सभेले प्रिय गीत हवे । चरवाही करत बेर अक्सरहाँ लोग गावत रहे । एह गीतन के प्रवृत्ति बीर गाथात्मक होले । एगो गीत देखीं जवना में लोरिक के युद्ध कौशल के बरनन बा-
‘‘नौ सौ फउदिया मुंडवा काटी दिहलस गिराय
जैसे त काटे य दादा खेती तेगा किसान
तैसे त कटत फउदिया लोरिकवा पछिम चलि रे जाय
घुमि घुमि पलटन के दादा काटत रे बाय।’’
धोबी जाति के गीत :
काम पर जाये के पहिले के तइयारी के बेरा धोबी जाति के एगो गीत देखल जा सकत बा-
“मोटी-मोटी लिटिया लगइहे धोबीनिया की बिहने चले के बा घाट,
तीनहूँ चीज मति भूलिहे धोबिनिया की टिकिया, तमाकु, थोड़ा आग।”
रोपनी सोहनी गीतो अपने में महिला लोग के दुख-दरद का संगही इच्छो के अपना मरद के सोझा राखे क एगो सुखद मोका लेखा होत रहे । अबो रोपनी के समय में रोपनी करत बेरा अइसन गीत सुने के भेंटा जाले । एह गीत में मेहरारू अपने मरद से जवन-जवन निहोरा करी रहल बा , उ देखे जोग बा-
रतिया में हमरा सेजरियो नाही भावे,
मोर बलमुआ रे, सलवा–दुसलवा मँगाव। 2
सलवा-दुसलवा से चढ़ले सिर गरमिया
मोर बलमुआ रे, रसे-रसे बेनिया डोलाव ।2
बेनिया डोलवते मोर मुरुकल कलइया
मोर बलमुआ रे, पटना से बयदा बोलाव ।2
पटने के बयदा रे, मागे सात सै रुपइया
मोर बलमुआ रे, मोहर भजवलो ना जाय। 2
मोहरा भजावत हमरा पलटल पुतरिया
मोर बलमुआ रे, मेहर लइका जियरा के जवाल।2
तेली जाति के गीत :
भोजपुरी लोक साहित्य में श्रम गीतन के लमहर परंपरा रहल बा। अलगा-अलगा श्रम करे वाली जातियन के आपन पारंपरिक काम करत बेरा ओह गीतन के गावे क रेवाज़ देखाला। उ रेवाजन से बेसी उनके अपने काम में मस्ती के सुवास भरत रहे । तेली जाति ओह लोगन के बीच एगो अइसन समूह रहल जवन तेलहन से तेल निकाले के काम करत रहे। एगो गीत जवना में घानी अउर ओहसे तेल निकाले का जिकर बा। जवना में तेली अपने मेहरारू से पूछ रहल बा कि कवने जूने घानी लगवले बाड़ू आ तेलिन ओकरे के बता रहल बा-
कौनी जुनियां तेलिनि घनिया लगावे
अरे कौनी जुनियां ना ।
कोइलरि सबद सुनावे कि कौनी जुनियां ना
आधी की रतिया तेलिनि घनिया लगावे
कि पिछली रतिया ना ।
कोइलरि सबद सुनावे कि पिछली रतिया ना ।
कौनी जुनियां बाबा पूता के जगावे
कि कौनी जुनियां ना ।
गोरिया चुड़िया खन-खनकावे कि कौनी जुनियां ना ।
भिनुसहरा के बेरिया बाबा पूता के जगावे
कि भिनहीं बेरिया ना ।
गोरिया चुड़िया खन-खनकावे
कि भिनही बेरिया ना ।
गोड़ जाति के गीत :
गोंड जनजाति के संगीत आ लोकगीत उनके समृद्ध संस्कृति, प्रकृति प्रेम आ परंपराके अहम हिस्सा ह।एह लोगन के पेशा पानी भरल आ लकड़ी चिरला का संगे भड़भूजा झोकल रहे । एगो गीत में गोड़िन कह रहल बिया-
‘‘खुर खुर खुर खुर टाटी बोले, हम जानि पियवा मोर।
पियवा के भेसे अइले, कंगना ले गइले चोर।”
गड़रिया जाति के गीत :
सिउरिया भा पड़ोकिमार ई अइसन विधा ह, जवना के गड़रिया समुदाय अवसर विशेष पर गावत रहे। गवें गवें ई लुप्तप्राय हो चुकल बा ।
मथवा पर पगरी आ हथवा में डंडा, बहेलिया रहला का
पिया हो पिछले जनमवा में गड़ेरिया रहला का ।
कहरउवा गीत:
ई भोजपुरी के एगो प्रमुख लोकगीत ह। पुरान समय में रानी लोग भा नई दुलहिन के नइहर भा सासुर जाये के एगो महत्वपूर्ण साधन डोली रहे । डोली के चार लोग कन्हा पर ढोवत रहे । ई काम कहार जाति के लोग करत रहे। डोली ढोवत बेरा थकान मेटावे के क्रम में जवन गीत उ लोग गावत रहे, ओकरा के कहरउवा गीत कहल जाला। एगो गीत में बूढ़ा कहार अपना बारे में कह रहल बा-
‘बुढ़वा कंहरवा के आई बुढ़इया तौ फेके तलौने में जाल।’
माली जाति के गीत :
माली जाति के गीतन में समाज के सान , रंगदारी आ संस्कृति के देखावत बतावत गीत होली । देवी गीतन में माली भा मालिन बात जरूर देखाला। सभेले चर्चित देवी पचरा जवन हर मंगल काज में सभेले पहिले गावल जाला ।
निमिया के डाढ़ मईया लावेली झुलुहवा हो की झूली रे झूली ना
हो की झूली रे झूली ना
की मईया मोरी गावेली गीतियाँ हो की झूली रे झूली ना
झूलत झूलत माई के लगली पियसिया की चली रे गईली ना
मलहोरिया दुवरिया मईया चली रे गईली ना
सुतल बाड़ू की जागल ऐ मलिनिया हो की बून्द एक ना
हमके पनिया पियाई द मालिन बून्द एक ना
कईसे के पनिया पियाई ऐ सितली मईया मोरे गोदिया ना
हो की मोरे गोदिया ना
बाड़े बलका नादान मईया मोरे गोदिया ना
बलका सुता द मालिन सोने के खटोलवा की बून्द एक ना
हो की बून्द एक ना
हमके पनिया पियाई दs मालिन बून्द एक ना
बलका सुतवली मालिन सोने के खटोलवा की बून्द एक ना
हो की बून्द एक ना
मईया के पनिया पियवली मालिन बून्द एक ना
जईसे जईसे मालिन तू हमके जुड़ववलु की ओईसे ओईसे ना
हो की ओईसे ओईसे ना
तोहार बलका जुड़ास मालिन ओईसे ओईसे ना
तोहार मालिया जुड़ास मालिन ओईसे ओईसे ना
- जयशंकर प्रसाद द्विवेदी