भोजपुरियत के थाती से कुछ बात-बतकही

भोजपुरी भाषा आ साहित्य पर अनथकले सन् 2001 से काम करे वाला बेकती, पेशा से अध्यापन आ मन से पूरे का पूरा भोजपुरिया डॉ प्रमोद कुमार तिवारी जी के भोजपुरी के ई पहिल कृति ह। इहाँ के भोजपुरी भाषा खातिर समर्पित संस्था ‘आखर’ के थिंक टैंक का रूप में चर्चित बानी । भोजपुरी में कउनो विषय के तर्क आ प्रमाण का संगे राखे में इहाँ के महारत हासिल बा। महारत हवा में हासिल ना होला, मने इहाँ के जबर पढ़ाकू बानी । जवना के बानगी इहाँ के लेखनी से निकसल कउनो रचना में बखूबी देखल जा सकेला।

‘भोजपुरियत के थाती’ के बघार दू खंड में बा । पहिलका खंड में गुरु गोरखनाथ से लेके शैलेंद्र तक के भोजपुरिया समाज से संबंध के देखे के कोशिश भइल बा आ दोसरका खंड में भोजपुरी के जरूरी किताबन से बतकही भइल बा । खंड एक – ‘नेंव के ईंट’ में कुल 8 गो आलेख संकलित बा । खंड – 2 किताब से बतकही में 7 गो आलेख संकलित बा। हर आलेख में लेखक अपने बात के तर्क आ प्रमाण के संगे प्रस्तुत करे के परयास करत देखात बाड़ें । उनुका परयास भोजपुरी के एह बातिन के विमर्श के मंच तक चहुंपावे के परयास का रूप में देखे के चाही, अइसन लेखक के कहानगियो बा ।

पहिल आलेख ‘जगावे वाला गुरु गोरखनाथ आ भोजपुरी’में लेखक गुरु गोरखनाथ के ओह सगरी पक्ष के रखले बाड़न जवना के भोजपुरिया समाज उहाँ के नायक का रूप में देखल आपन सौभाग्य मानत रहे। लोक आ शास्त्र के चकरी में पिसात गोरखनाथ के ऊपर अकादमिक काम के ना भइला के उल्लेख देख-पढ़ के मन भकुआ गइल। भोजपुरिया लोगन के ओह चरित्र पर लेखक अंगुली उठावत देखात बाड़े, जवन अपने नायक के प्रति उचित न्याय ना कर पवेला। बाक़िर लेखक गोरखनाथ के भोजपुरिया समाज के एगो पोढ़ नायक का रूप में निरूपित करे में कोताही नइखे कइले। ‘भोजपुरी आ कबीर’ में लेखक अभिजात्य, संस्कृतवादी, वर्चश्ववादी, ब्राह्मणवादी संस्कृति के समानान्तर लोक के बहुजनवादी, समूहिकतावादी, मेहनतवादी,श्रमशील लोगन के प्रतिसंस्कृति के प्रतीक पुरुष का रूप में कबीर के खाड़ करत बाड़ें । एह आलेख में लेखक के एगो सवाल मन के छू जात बा, कि हिन्दी के लोग कबीर के भाषा के भोजपुरी कहे से काहें मुँह चोरावेले? कबीर पर बात करत लेखक भोजपुरिया समाज के मेहनतकस होखे आ बिरोधी तेवर वाले संस्कार के जनले बिना कबीर के समझल मोसकिल बा, कह के साँच से परिचित करा रहल बाड़ें । मैनेजर पाण्डेय के शब्दन में ‘कबीर मनुष्य के स्वतन्त्रता के कवि हैं’। “कवना समाज के हीरो हउवन रैदास” के बहाने लेखक एक बेर फिरो ई सवाल उठवले बाड़न कि ‘भोजपुरिया सामाज के लोग अपना नायकन के सम्मान देवे कब सीखी। लेखक तेग अली तेग के भोजपुरी में लिखला का वजह से उनुका सनमान जवन चाहत रहे, ना मिलल। एकर कारण ई बा कि भोजपुरिया लोग अपना भाषा भा अपना नायकन के सनमान देवे ना सिखलस। ई बाति ढेर थोर अजुवो बा । ‘किंवदंती बने बदे मजबूर महेंदर मिसिर’ पर बात करत लेखक ओह सगरे तथ्यन के पड़ताल करत देखात बाड़ें, जवना कारन से महेंदर मिसिर के उनुकर यथोचित सनमान ना मिलल। एह खातिर लेखक भोजपुरिया समाज से आह्वान करत बाड़ें कि महेंदर मिसिर के भोजपुरिया स्वाभिमान के प्रतीक बनावे खातिर माँग उठावे के चाही। रघुबीर नारायण के गीत ‘बटोहिया’ के विवेचन बहुत बारीक आ स्वाभाविक भइल बा। ई उहे गीत ह जवना के गांधी जी भोजपुरी के बंदेमातरम कहि के सम्मान देले रहलें। ‘भिखारी ठाकुर के नाटक आ भोजपुरी समाज’पर आपन कथ्य राखत लेखक उहाँ के समाज के नब्ज के जानकार मनले बाड़न, जवना के कवनो दीठी से देखला पर उचित बुझात बा। भोजपुरी समाज गुण-दोष के विवेचन पाठक के साँच से रूबरू करा रहल बा। समाज से संबंध बनावे के सबसे शानदार माध्यम नाटक के आपन हथियार बनाके समाज के जवन सनेस देवल चाहत रहलें, बखूबी देवे में सफल भइलें। अलग-अलग नाटकन में पात्रन के नाव का माध्यम से भिखारी ठाकुर एगो क्रान्ति के मसाल जलवले बाड़न। शैलेंद्र जी के गीतकार शैलेंद्र का रूप स्थापित करे में उनुके भोजपुरियत के अनदेखा नइखे कइल जा सकत, लेखक बेर-बेर एह तथ्य के उजागर कइले बाड़न ।

‘भोजपुरियत के थाती’ के दोसरका खंड में किताब से बतकही बा। जवना में 7 गो किताबन पर डॉ प्रमोद कुमार तिवारी जी आपन मंतब्य रखले बाड़न । अवध बिहारी सुमन के किताबि ‘जेहल कS सनदि’,दुर्गा शंकर प्रसाद सिंह के किताबि ‘भोजपुरी लोकगीत में करूण रस’,हंस कुमार तिवारी आ राधा बल्लभ शर्मा के संपादित किताबि ‘भोजपुरी संस्कार गीत’,डॉ उदय नारायण तिवारी जी के किताबि ‘भोजपुरी भाषा और साहित्य’,डॉ शशि शेखर तिवारी के किताबि ‘भोजपुरी लोकोक्तियाँ’,रामनाथ पाण्डेय के पहिल उपन्यास ‘बिंदिया’, चन्द्रशेखर मिश्र के महाकाब्य ‘कुँवर सिंह’ पर शोध परक विश्लेषण भइल बा। कम शब्दन में कहल जाव त ई कि ‘ई भोजपुरी साहित्य के उ थाती बा,जवना के दरकिनार क के भोजरी साहित्य के बात कइल बेमानी बुझाई।’

डॉ प्रमोद कुमार तिवारी जी ‘भोजपुरियत के थाती’ का माध्यम से बहुत कुछ अनछुवल पहलुवन का ओर धियान खींचले का प्रयास कइले बाड़न, जवन गुजरत बेर पाठक लोग के जरूर बुझाई । पछिला पाँच बरीस से ई किताबि भोजपुरी साहित्य जगत के सोझा बा। ढेर लोग एह किताबि से कुछ ना कुछ जरूर सीखले-पढ़ले होई, ई हमरा बिसवास बा। एकरा संगही डॉ प्रमोद कुमार तिवारी जी के बहुत बहुत बधाई आ शुभकामना ।

 

पुस्तक- भोजपुरियत के थाती

लेखक – डॉ प्रमोद कुमार तिवारी

विधा- आलेख

प्रकाशन वर्ष-2021

प्रकाशन संस्थान – साहित्य विमर्श प्रकाशन , गुरुग्राम, हरियाणा

 

 

  • जयशंकर प्रसाद द्विवेदी

संपादक

भोजपुरी साहित्य सरिता

Related posts

Leave a Comment