हमरा गांव के जेनजी, पर बड़ा विश्वास बा।
उनके सुनर काम पर, मन में भरल विश्वाश बा।।
आजकल हमरा गाँव में बहुते बदलाव देखे के मिल रहल बा। पाहिले के जमाना अलग रहे, लोग दलान पर बैठ के खैनी रगड़त रहे आ कक्का-काकी के किस्सा-कहानी सुनत रहे। पर अब जमाना आ गइल बा हमरा गाँव के ‘जेन जी’ यानी आज के नया लईका-लईकिन के।
जेन जी के लईका सब के रहन-सहन आ सोच एकदमे अलगे बा। गाँव के पीपल तर बईठ के इ लोग अब गप्प-सप ना मारे, बल्कि हाथ में स्मार्टफोन लेके रील्स (Reels) बनावेला। गाँव के खेत-खलिहान अब खाली फसल उगावे खातिर ना, बल्कि ‘इंस्टाग्राम रील्स के बैकग्राउंड’ बन गइल बा। खेत के आरी पर खड़ा होके, माथा पर गमछा बाँध के जब गाँव के लईका ‘ट्रेंडिंग सोंग’ पर डांस करेले, तब देखे में लागैला कि जमाना सचहुँ बदल गइल बा।
ई नया पीढ़ी (Gen Z) बहुत चालाक आ होशियार बा। इ लोग खाली रील्स ना बनावे, बल्कि इंटरनेट के सही इस्तेमाल भी जानेला। गाँव के लईका अब खाली खेती-बारी या सरकारी नौकरी तक सीमित नईखन रह गइल। अब त गाँव के लईका घरही बईठ के फ्रीलांसिंग कर रहल बा, यूट्यूब पर ब्लॉगिंग (Vlogging) करके गाँव के संस्कृति के पूरा दुनिया में देखा रहल बा, आ अनलाइन पढ़ाई करके बड़का-बड़का परीक्षा पास कर रहल बा।
जेन जी के सबसे बढ़िया बात ई बा कि इ लोग बात-बात में तर्क करेला। कवनो पुरानी रूढ़िवादी सोच या अंधविश्वास के इ लोग आँख मूँद के ना माने। अगर कवनो गलत परंपरा बा, त इ लोग ओकरा पर सवाल उठावेला। लईकी सब भी अब खाली चौका-बर्तन तक सीमित ना रह के, लईकन के साथ कंधा से कंधा मिला के कॉलेज जा रहल बाड़ी आ आगे बढ़ रहल बाड़ी।
हालाँकि, कभी-कभी गाँव के बुजुर्ग लोग शिकायत करेला कि “आजकल के लईका सब दिनभर मोबाइल में मुँह घुसावले रहेला, कवनो बात के सबुर (धैर्य) नईखे इ लोग के पास।” ई बातो कुछ हद तक सही बा, काहे कि जेन जी के सब कुछ ‘इन्स्टेंट’ (तुरंत) चाही—खाना होखे चाहे सफलता!
लेकिन सच ईहे बा कि ई जेन जी हमनी के गाँव के नया पहचान दे रहल बा। ई लोग परंपरा आ आधुनिकता के अइसन संगम बा, जोना के एक हाथ में गाँव के माटी के सुगंध बा, त दूसरा हाथ में पूरा दुनिया से जोड़े वाला स्मार्टफोन!
- अनीता मिश्रा सिद्धि
विश्राम निवास
कालीकेत नगर बेली रोड
पटना