टूटल क्रम के जोड़े के कवायद : स्मृति कवि सम्मेलन सम्पन्न भइल

विश्व भोजपुरी सम्मेलन गाजियाबाद इकाई के द्वारा आयोजित ‘ स्मृति कवि सम्मेलन आ सम्मान समारोह’ अध्यक्ष मनोज तिवारी आ संयोजक महासचिव जे पी द्विवेदी क परयास सफलता का संगे धरती पर उतरल। कार्यक्रम कई गणमान्य लोगन के सम्मानित काइल गइल। स्मृति कवि सम्मेलन  में कुल 11 गो कवि लोग शिरकत कइलें। कार्यक्रम के अध्यक्ष विश्व भोजपुरी सम्मेलन के राष्ट्रीय अध्यक्ष अजीत दुबे जी आ मुख्य अतिथि  श्रीमती मनु लक्ष्मी मिश्रा  रहलें । कार्यक्रम दू सत्र में रहे । पहिलका सत्र के संचालन इकाई अध्यक्ष मनोज तिवारी जी आ दोसरका सत्र ‘ कवि सम्मेलन’ के संचालन मनोज भावुक जी कइलें।

Related posts

Leave a Comment