राकेश पाण्डेय जी के चार गो गीत

1

 

पूरुब से आवेले बदरिया नु हो,जहां पिया जी हमार।

भींजे मोरी कोरी रे चुनरिया नु हो,नाहीं बाड़ें रखवार।

 

पुरुवा के झोंकवा से सिहरे बदनियां।

टप टप अंचरा से चूवे मोरा पनियां।

आगि लगो कोठवा अंटरिया नु हो,

नाहीं बाड़ें रखवार।

पूरुब से आवेले बदरिया नु हो,जहां पिया जी हमार।

 

पिऊ पिऊ बोलेला मोर पिछवरवां।

निनिया पराई गइलीं ननदी बहरवां।

झलुआ क गीतिया बिरहिया नु हो,

नाहीं बाड़ें रखवार।

पूरुब से आवेले बदरिया नु हो,जहां पिया जी हमार।

 

संझवा बिहनवां ना लागे मोर मनवां।

सासु सुत्तें अंगना ससुर जी दलनवां।

सेजिया सवतिया नगीनिया नु हो,

नाहीं बाड़ें रखवार।

पूरुब से आवेले बदरिया नु हो,जहां पिया जी हमार।

 

2

 

कइसे झूलन जाइब झलुआ हम दुअरवां।

पायलिया छम छम बाजे ननदी।

 

अबहीं बाड़ीं हाम बहुरिया।

सम्हरे अंचरा माथ न सरिया।

चम चम चमकत हमरे चुनरी के सितरवा।

पायलिया छम छम बाजे ननदी।

 

लमहर घुंघुटा केतनों काढ़ीं।

झलकत लाली बा मोर गाढ़ी।

बिजुरी चमकी देखिके आंखिन क कजरवा।

पायलिया छम छम बाजे ननदी।

 

घेरलस बदरी रात अन्हरिया।

कइसे खोलब बजर केवड़िया।

जगिहें सास ससुर सुनि गरजत बा बदरवा।

पायलिया छम छम बाजे ननदी

 

3

 

कहिया ले अइबा मोर कन्हइया हो।

रहिया जोहत हम बाड़ीं।

 

जेलवा कोठरिया क दुख ना सहाला।

पपिया लगवले बाड़े पहरेदार ताला।

कवन हम जुलुमवां बखानी हो ।

रहिया जोहत हम बाड़ीं।

 

देवकी के पुकार सुनि अइलें बनवारी।

भादों क रतियाआधी छउले अन्हारी।

सुति गइले कंस अभिमानी हो।

रहिया जोहत हम बाड़ीं।

 

जमुना फोफात हईं के उनके तारी।

बिरज क नर नारी जसुदा महतारी। आवा अब धरमवा क हानी हो।

रहिया जोहत हम बाड़ीं।

 

4

 

प्यार करीला जान निछावरआजादी पर हम।

वन्देमातरम वन्देमातरम वन्देमातरम,

 

लड़िके लेहलीं आजादी ई,अंगरेजन के भगउलीं।

ठोंकिके छाती गोली खइलीं,आपन लहू बहउलीं।

आंखि खोलि के दुनिया देखलस,भारत क दम खम।

वन्देमातरम वन्देमातरम वन्देमातरम,

 

साल पचहत्तर अमृत उत्सव,आगे बढ़ते रहलीं।

इरखा में जरलें दुश्मनवां,चान छूइ हमअइलीं।

बापू बोस भगत क बगिया चमकेला चम चम।

वन्देमातरम वन्देमातरम वन्देमातरम,

 

देशवा के माटी में ताकत,उपजे हीरा मोती।

सबसे आगे रहें भारती,ज्ञान देखावें जोती।

लहरे तिरंगाअसमनवें में करा सलामी थम।

वन्देमातरम वन्देमातरम वन्देमातरम,

 

  • राकेश कुमार पाण्डेय

हुरमुजपुर, सादात

गाजीपुर

Related posts

Leave a Comment