सजि गइल सगरो दोकान

सजि गइल सगरो दोकान, चुनाव नगिचाइल बा।

लउकsता निमने समान, चुनाव नगिचाइल बा।

 

केहू बेचे सस्ता आ केहू देता घालू,

केहू कहे दोसरा के सिरमिट में बालू,

केहू के बिकाता खनदान, चुनाव नगिचाइल बा।

 

केहू बेचे लसगर, केहू बेचे मयगर,

केहू बेचे तरिगर, केहू बेचे जदुगर,

केहू बेचे धरम-इमान, चुनाव नगिचाइल बा।

 

केहू पासे धनबल, केहू पासे जनबल,

केहू डेरवावे, केहू बोलsताटे अलबल,

केहू बाटे बकता सेयान, चुनाव नगिचाइल बा।

 

दलदल छोट-बड़ तोड़-जोड़ मेल बा,

नीति ना नीयते बा, बड़-बड़ खेल बा,

अपने से अपने महान, चुनाव नगिचाइल बा।

 

हारि-थाकि जइबs तू कहँवा बतावs,

चुनही के बाटे मत नाक सिकुरावs

गहकी तs बड़ुवे हरान, चुनाव नगिचाइल बा।

 

  • मार्कन्डेय शारदेय

Related posts

Leave a Comment