देश के प्रतिष्ठित साहित्यिक संस्था हिन्दुस्तानी एकेडेमी प्रयागराज शुक्रवार के अपने राष्ट्रीय स्तर के पुरस्कारन घोषणा कइलस। एह बेरी भोजपुरी खाति भिखारी ठाकुर भोजपुरी सम्मान आखर – आखर गीत बदे चंदौली जिला के बरहुआं गाँव के बेटा गाजियाबाद में रहि रहल जयशंकर प्रसाद द्विवेदी के दीहल जाई। ए सम्मान के साथे उनुका के संस्था के ओरी से एक लाख रुपए के धनराशि भी दीहल जाई । भोजपुरी का क्षेत्र में दीहल जाये वाला ई एगो महत्वपूर्ण सम्मान ह। बतावत चलीं कि एह किताबि के प्रकाशन सर्वभाषा ट्रस्ट कइले बा। वर्ष…
Read MoreCategory: टटका समाचार
आखर-आखर गीत’ के आवरण के ऑनलाइन लोकार्पण सम्पन्न भइल
भोजपुरी के लोकप्रिय रचनाकार जयशंकर प्रसाद द्विवेदी के तीसरकी किताबि ‘आखर-आखर गीत’ के आवरण के ऑनलाइन लोकार्पण कई दिन पाछे ‘सर्व भाषा ट्रस्ट’ के आभासी मंच फेसबुक आउर यूट्यूब पर लाइव कइल गइल। कार्यक्रम के शुरूआत डा. रजनी रंजन के सरस्वती वंदना से भइल । कार्यक्रम के अध्यक्षता सर्वभाषा ट्रस्ट के अध्यक्ष श्री अशोक लव कइलें आ मुख्य अतिथि सुभास पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष श्री अशोक श्रीवास्तव रहलें। कार्यक्रम का सफल आ प्रभावी संचालन डा. सुमन सिंह संपन्न कइली। मुख्य वक्ता का रूप में दिल्ली विश्वविद्यालय के प्रवक्ता डा. मुन्ना…
Read Moreऐतिहासिक किताबि ‘भोजपुरी साहित्य में महिला रचनाकारन के भूमिका’ के भव्य लोकार्पण भइल
महिला लोगन के योगदान हमेसा से समाज, संस्कृति आउर सभ्यतन के बनावे आ जोगावे में रहल बा। बात भाषा के होखे भा संस्कृति के, महिला लोग एकरा हमेसा से भरले-पूरले बानी। महिला लोगन के योगदान हर भाषा, सभ्यता आउर संस्कृति में रहल बा। महिला लोगन के एही योगदान का बटोरे वाली ऐतिहासिक किताबि ‘भोजपुरी साहित्य में महिला रचनाकारन के भूमिका’ का भव्य लोकार्पण गांधी शांति प्रतिष्ठान में भइल। बतावत चलीं कि कार्यक्रम के अध्यक्ष श्री अशोक लव किताबि के उपयोगिता बतावत कहलें कि सर्व भाषा ट्रस्ट के उद्देश्य अब सभका…
Read Moreसाहित्य अकादमी भाषा सम्मान-2021
साहित्य अकादमी भाषा सम्मान एगो भारतीय साहित्यिक पुरस्कार हवे,जवना के शुरुवात साहित्य अकादमी सन 1954 से कइलस। साहित्य अकादेमी एगो स्वसत्ताशासी संस्था हवे जवना पर सरकार के हस्तक्षेप नइखे। ई संस्था साहित्यकारन द्वारा साहित्य के बढ़न्ति खातिर बनावल गइल बा। साहित्य अकादमी मान्यता-प्राप्त 22 + 2 गो भाषा में हर बरीस पुरस्कार देवेले। उहवें भोजपुरी जइसन गैर-मान्यता प्राप्त भाषावन में उत्कृष्ट लेखन के प्रोत्साहित करे खाति लेखक लोगन के सन 1996 से सम्मानित करे के प्रयास शुरू कइलस। एकरा पाछे भोजपुरी के साहित्य अनुरागियन के बहुते लमहर संघर्ष आ प्रयास…
Read Moreहोली मिलन/वसंतोत्सव के आयोजन
गाजियाबाद । पूर्वांचल भोजपुरी महासभा गाजियाबाद का तत्वावधान में अग्रसेन भवन,लोहिया नगर में भोजपुरी सम्मेलन आ होली मिलन/वसंतोत्सव के आयोजन कइल गइल।एह आयोजन में मुख्य अतिथि का रूप में श्रीमती आशा शर्मा (महापौर), गाजियाबाद सिरकत कइली। कार्यक्रम का आरंभ अतिथियन द्वारा दीप प्रज्वलन आ सरस्वती वंदना के संगे भइल। सरस्वती वंदना रोमी माथुर जी के मधुर कंठ सम्पन्न भइल।कार्यक्रम का शुरू में पूर्वांचल के विशिष्ट विभूति लोगन के सम्मानित कइल गइल।एह बरीस पूर्वांचल भोजपुरी महासभा महिला लोगन पर केंद्रित भोजपुरी के पहिलकी किताबि ‘भोजपुरी साहित्य में महिला रचनाकारन के भूमिका’…
Read More