भोजपुरी के हिरामन गोलोक वासी भइलें

ख्यातिप्राप्त वयोवृद्ध कवि आ साहित्यकार पंडित हरिराम द्विवेदी जी अब हमनी का बीच नइखी । सोमार के उहां के अपना महमूरगंज मोती झील स्थित आवास पर अन्तिम सांस लिहनी। पंडित हरिराम द्विवेदी पिछिला आठ महिना ले गंभीर रूप से अस्वस्थ चलत रही। मूल रूप से मिर्जापुर के शेरवा गांव निवासी पंडित हरिराम द्विवेदी जी के जनम 12 मार्च 1936 के भइल रहे। पंडित हरिराम द्विवेदी आकाशवाणी के लोकप्रिय कवि रहले।उहा के एगो कुशल मंच संचालक भी रही। पंडित हरिराम द्विवेदी जी के साहित्य अकादमी भाषा सम्मान, राहुल सांकृत्यायन पुरस्कार (उत्तर…

Read More

पाती रचना मंच आ विश्व भोजपुरी सम्मेलन के अधिवेशन सम्पन्न

काल्ह दिनांक-16दिसम्बर2023के पाती रचना मंच आ विश्व भोजपुरी सम्मेलन के तत्वावधान में अधिवेशन सम्पन्न भइल जवना में ” पाती अक्षर सम्मान”, “भोजपुरी के बढत डेग” विषय पर विचार गोष्ठी आ काव्य गोष्ठी शामिल रहे। सर्व श्री दिनेश पाण्डेय ,शशि प्रेमदेव  आ शिवाजी पाण्डेय ‘रसराज’ जी के “पाती अक्षर सम्मान” से सम्मानित कइल गइल।  एकरा बाद “भोजपुरी के बढत डेग” विषय पर सर्व श्री प्रकाश उदय जी,प्रो0 सदानंद शाही, प्रो0 पी राज सिंह आदि द्वारा आपन – आपन विचार दिहल गइल। अल्पाहार के बाद कवि गोष्ठी सम्पन्न भइल जवना में डॉ…

Read More

भोजपुरी साहित्य सरिता के संपादक जे पी द्विवेदी के भोजपुरी पत्रकारिता खातिर सम्मान मिलल।

16 दिसंबर | जमसेदपुर (झारखंड) में चल रहल  अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन के 27 वें अधिवेसन में ‘भोजपुरी साहित्य सरिता’ पत्रिका के संपादन का चलते ‘पाण्डेय नर्वदेशवर सहाय’ सम्मान पत्रिका के संपादक जे पी द्विवेदी के  मिलल।ई सम्मान मंच से भोजपुरी साहित्य सरिता के सहायक संपादक  डॉ रजनी रंजन जी के अभाभोसास के राष्ट्रीय अध्यक्ष डॉ ब्रजभूषण मिश्र आ मुख्य अतिथि डॉ सरिता बुद्धू जी प्रदान कइनी। एह सम्मान के मिलला पर भोजपुरी साहित्य सरिता के संपादक जे पी द्विवेदी अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन के प्रति आपन आभार…

Read More

डॉ. ब्रजभूषण मिश्र होखिहें अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन के सत्ताइसवाँ राष्ट्रीय अध्यक्ष

जमशेदपुर। अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन, बिहार के राष्ट्रीय प्रवर समिति आ कार्य समिति के 24 सितम्बर, 2023 के ‘ तुलसी भवन ‘ जमशेदपुर ( झारखंड ) में भइल अत्यंत महत्वपूर्ण संयुक्त बैठक में निर्णय लिहल गइल कि भोजपुरी-हिन्दी के जानल-मानल साहित्यकार आ समीक्षक डॉ. ब्रजभूषण मिश्र सम्मेलन के सत्ताईसवां राष्ट्रीय अध्यक्ष होइहें। सम्मेलन के राष्ट्रीय महामंत्री प्रो. (डॉ.) जयकान्त सिंह ‘ जय ‘ बतवलें कि सत्तर के दशक से भोजपुरी भाषा, समाज, संस्कृति, साहित्य आ शिक्षा के निर्माण, उत्थान आउर वैश्विक पहचान खातिर लगातार सुव्यवस्थित पद्धति से काम करे…

Read More

केशव मोहन पाण्डेय “भारतीय भाषा सम्मान 2023” से नवाजल गइलें

मन गद गद बा। देश के राजधानी दिल्ली में अध्यापन का संगे सर्वभाषा ट्रस्ट संयोजक, सर्वभाषा प्रकाशन के कर्ता-धर्ता, सर्वभाषा पत्रिका के संपादक आ भोजपुरी साहित्य सरिता के साहित्य संपादक   केशव मोहन पाण्डेय के  हिन्दी दिवस का दिने (मने 14 सितंबर) के  काशी में हिन्दुस्थान समाचार भोजपुरी भाषा के क्षेत्र मे उल्लेखनीय योगदान खातिर “भारतीय भाषा सम्मान 2023” से  सम्मानित कइल गइलl देवाधिदेव शिव के नगरी काशी में उहाँ के ई सम्मान श्री शंकरविजयेंद्रसरस्वती जी महाराज आ  उत्तर प्रदेश के डिप्टी सी. एम. श्री केशव प्रसाद मौर्य द्वारा दीहल गइल…

Read More

डा अमिता दुबे सर्वभाषा साहित्य सृजन सम्मान –2023 से सम्मानित

प्रो रामदरश मिश्र उनके कृतित्व के भूरि – भूरि सराहना कइलें। • नई दिल्ली, 11 सितंबर, 2023. हिंदी के सुपरिचित कवयित्री कथाकार आलोचक डा अमिता दुबे के सर्वभाषा ट्रस्ट का ओर से सर्वभाषा साहित्य सृजन सम्मान से सम्मानित कइल गइल। ई सम्मान ट्रस्ट का ओर से प्रोफेसर रामदरश मिश्र अपना आवास पर भइल एगो सादा समारोह में प्रदान कइलें। डा अमिता दुबे के उहाँ के शॉल से विभूषित करत सम्मान प्रतीक चिन्ह एवं प्रशस्ति पत्र भेंट कइलें।एह अवसर पर हिंदी के समालोचक कवि डा ओम निश्चल, सुपरिचित लेखिका आ दिल्ली…

Read More

भोजपुरी साहित्यकार जयशंकर प्रसाद द्विवेदी के ‘काव्य कौस्तुभ’ के मानद उपाधि मिलल

हिंदुस्तानी अकादमी के भिखारी ठाकुर सम्मान से सम्मानित भोजपुरी के सुप्रसिद्ध साहित्यकार जयशंकर प्रसाद द्विवेदी के ‘काव्य कौस्तुभ’ के मानद उपाधि से नवाजल गइल। साहित्य मंडल नाथद्वारा राजस्थान में  आयोजित भगवती प्रसाद देवपुरा स्मृति एवं राष्ट्रीय बाल साहित्य समारोह ( 6 – 7 जनवरी 2023) के उहाँ के एह  उपाधि से सम्मानित कइल गइल । बतावत चलीं कि जयशंकर प्रसाद द्विवेदी के अब तक ले 5 गो पुस्तक प्रकाशित हो चुकल बाडी आ उहाँ के 3 गो पुस्तकन के  सह सम्पादन कर चुकल बाड़ें। भोजपुरी साहित्य सरिता पत्रिका का पछिला …

Read More

‘साहित्य आज तक’ के महोत्सव सम्पन्न

‘साहित्य आज तक’ के तीन दिन के समारोह बीत गइल।’साहित्य आज तक’, भा ‘आज तक’ भा इंडिया टूडे ग्रुप के ई बहुते सुखद आ सराहे जोग पहल रहल। शुरुवतिए से जवन टीका-टिप्पड़ी चले लगल रहल, तवन अभियो चल रहल बा। कुछ लोग रजनीगंधा के स्पानसरशिप के लेके कार्यक्रम के क्रिटिसाइज करत देखाइल आ कुछ लोग साहित्यकार चयन के लेके क्रिटिसाइज कर रहल बा। सभे के आपन-आपन तर्क बा, आपन-आपन विचार बा। जे घोड़ा पर चढ़ेला, ओकरे गिरे भा सँभरे के संभावना पर बात होले। आज बाजारवाद के समय ह, जवन…

Read More

डॉ राजेश माँझी के संपादित पुस्तक के लोकार्पण सम्पन्न भइल

*फ़ीजी उच्चायोग में ‘फ़ीजी में हिंदी : विविध प्रसंग’, डॉ राजेश माँझी के संपादित पुस्तक के लोकार्पण सम्पन्न भइल जवना के संचालन के भूमिका रिंकल शर्मा जी निभावनी। पुस्तक लोकार्पण समारोह में महामहिम फ़िजी उच्चायुक्त श्री कमलेश प्रकाश जी, पापुआ गिनी के उच्चायुक्त , गुयाना के उच्चायुक्त श्री चरनदास परसुआद , मुख्य अतिथि विदेश मंत्रालय सचिव श्री युकेश कुमार बत्रा रहलें आ  प्रमुख वक्ता लोगन  में डॉ. विमलेश कांति वर्मा (पूर्व प्रथम सचिव, भारतीय उच्चायोग, फ़ीजी); श्री रविन्द्र प्रसाद जायसवाल (संयुक्त सचिव-हिन्दी, विदेश मंत्रालय); डॉ. सच्चिदानंद जोशी (सदस्य सचिव, इंदिरा…

Read More

हलिए आ रहल बा-‘धक् से लागल बात बावरी’

भोजपुरी  के चर्चित कवि आ भोजपुरी साहित्य सरिता के संपादक जयशंकर प्रसाद द्विवेदी के नया काव्य संग्रह ‘धक् से लागल बात बावरी’ प्रेस में जा चुकल बा। उमेद बा कि नवंबर 2022 में प्रकाशित हो के लोक में आ जाई। ई द्विवेदी जी के 5 वीं किताब बाटे।

Read More