विश्व भोजपुरी सम्मेलन गाजियाबाद इकाई के द्वारा आयोजित ‘ स्मृति कवि सम्मेलन आ सम्मान समारोह’ अध्यक्ष मनोज तिवारी आ संयोजक महासचिव जे पी द्विवेदी क परयास सफलता का संगे धरती पर उतरल। कार्यक्रम कई गणमान्य लोगन के सम्मानित काइल गइल। स्मृति कवि सम्मेलन में कुल 11 गो कवि लोग शिरकत कइलें। कार्यक्रम के अध्यक्ष विश्व भोजपुरी सम्मेलन के राष्ट्रीय अध्यक्ष अजीत दुबे जी आ मुख्य अतिथि श्रीमती मनु लक्ष्मी मिश्रा रहलें । कार्यक्रम दू सत्र में रहे । पहिलका सत्र के संचालन इकाई अध्यक्ष मनोज तिवारी जी आ दोसरका सत्र…
Read MoreCategory: टटका समाचार
राजधानी दिल्ली में “रंग रसिया महोत्सव 2025” के आयोजन भइल
देश के राजधानी दिल्ली में स्वर कोकिला पद्मविभूषण शारदा सिन्हा जी के श्रद्धांजलि स्वरूप एक मनमोहक कार्यक्रम “रंग रसिया महोत्सव 2025” के आयोजन भइल। एह कार्यक्रम के संचालन माँ सरस्वती नृत्य भारती कलापीठ क संचालिका आ लोक गायिका विजय लक्ष्मी उपाध्याय कइनी। कार्यक्रम के भोजपुरी समाज दिल्ली के अध्यक्ष आ मैथिली भोजपुरी अकादमी के पूर्व उपाध्यक्ष श्री अजीत दुबे जी संबोधित कइलें। उहाँ भइल सगरे प्रदर्शन अद्भुत रूप से मनोरम रहल, बाक़िर कुछ विशेष प्रदर्शन अइसन रहल जवन दर्शक लोगन के ‘वाह’ कहे पर मजबूर कर दीहलस, अपने माई के…
Read Moreभोजपुरी जन जागरण अभियान के 25वां धरना सम्पन्न भइल
3 अगस्त | भोजपुरी भाषा के संविधान के आठवीं अनुसूची में सामिल करावे ला ,पछिला 10 बरिस भोजपुरी जन जागरण अभियान अपना एह मांग के लेके जंतर मंतर पर धरना देत आ रहल बा। असवों 3 अगस्त के भोजपुरी जन जागरण अभियान के राष्ट्रीय अध्यक्ष डॉ संतोष पटेल के नेतृत्व में धरना आहूत रहल । जवना में देस के कोने कोने से आइल करीब 200 से बेसी भोजपुरी प्रेमी आ साहित्यकार लोग शिरकत कइलस। भोजपुरी जन जागरण अभियान के ई 25वाँ धरना रहल ।
Read Moreविश्व भोजपुरी सम्मेलन गाजियाबाद इकाई का ओर से पुष्पांजलि अर्पित !
विश्व भोजपुरी सम्मेलन गाजियाबाद इकाई का ओर से आज 20जुलाई के संस्था के अंतरराष्ट्रीय महासचिव डॉ अरुणेश नीरन जी के पुष्पांजलि अर्पित कईल गइल ।बतावत चलीं कि डॉ नीरन जी 15 जुलाई के शिव लोक गमन क गइलन ।उनके व्यक्तित्व आ कृतित्व पर इकाई के महासचिव जे पी द्विवेदी विस्तार से प्रकाश डललेंं। इकाई अध्यक्ष मनोज तिवारी जी उहां के भोजपुरी खातिर कईल योगदान के कबों ना भूले जोग बतावत उनके राह चले के सभी के प्रेरित कइले।
Read Moreभोजपुरी साहित्यकार सम्मानित
22 जून, 2025, गाजियाबाद, विश्व भोजपुरी सम्मेलन, गाजियाबाद इकाई द्वारा विचार संगोष्ठी आ सम्मान समारोह के आयोजन गणपति फार्म हाउस, अवंतिका II, गाजियाबाद में सम्पन्न भइल। भोजपुरी के तीन दशक से गद्य लेखन में एगो स्थापित नाम अंकुश्री जी इहाँ मुख्य अतिथि रही आ वशिष्ठ अतिथि डॉ.मधुलिका बेन पटेल रहीं। एह कार्यक्रम के दौरान अंकुश्री जी के संस्था द्वारा “भोजपुरी भाष्कर सम्मान” आ भोजपुरी काव्य लेखन खातिर डॉ.मधुलिका बेन पटेल के “भोजपुरी सौरभ सम्मान” प्रदान कइल गइल। अंकुश्री साहित्यिक यात्रा पर विचार रखत भोजपुरी जन जागरण के अध्यक्ष आ कवि…
Read Moreसंगीत रागी जी के काव्य संग्रह ‘मुझे तुमसे कोई गिला नहीं’ के लोकार्पण सम्पन्न भइल
विश्व पुस्तक मेला – 2025 में 8 फरवरी के संगीत रागी जी के काव्य संग्रह ‘मुझे तुमसे कोई गिला नहीं’ के लोकार्पण सम्पन्न भइल । एह समारोह में संगीत रागी, अखिलेन्द्र मिश्रा, ओम निश्चल, चंद्र प्रकाश द्विवेदी ,केशव मोहन पाण्डेय , लक्ष्मी शंकर वाजपेई आ जयशंकर प्रसाद द्विवेदी सिरकत कइलें।
Read Moreजयशंकर प्रसाद द्विवेदी के पहिल हिन्दी काव्य संकलन ‘सूत्रधार कौन’ के विमोचन भइल
विश्व पुस्तक मेला -2025 के 6 वे दिन भोजपुरी के प्रतिष्ठित कवि आ भोजपुरी साहित्य सरिता के संपादक जयशंकर प्रसाद द्विवेदी के पहिल हिन्दी काव्य संकलन ‘सूत्रधार कौन’ के विमोचन ‘सर्वभाषा ट्रस्ट के स्टाल पर सम्पन्न भइल। लोकरपन समारोह में उत्तर प्रदेश हिन्दी संस्थान के प्रधान संपादक डॉ अमिता दुबे, प्रखर आलोचक ओम निश्चल , प्रभात पाण्डेय, आस्था सहित अनेक विद्वान लोग सिरकत कइलें। सर्वभाषा ट्रस्ट के संजोजक केशव मोहन पाण्डेय जी एह ला सभाके प्रति आभार जतवलें।
Read Moreभोजपुरी भाषा के मान्यता खातिर बड़हर धरना प्रदर्शन के आयोजन भइल
नई दिल्ली,भोजपुरी भाषा के संविधान का आठवीं अनुसूची में शामिल करावे खातिर ‘ भोजपुरी जन जागरण अभियान ‘ के बैनर तले जंतर-मंतर, दिल्ली पर 4 अगस्त,2024 के एगो बड़हर धरना प्रदर्शन के आयोजन भइल । जवना के अध्यक्षता प्रो.पृथ्वी राज सिंह कइलें। राष्ट्रीय अध्यक्ष डा.संतोष पटेल जोरदार ढंग से अवाज उठावतकहलें कि,’ भोजपुरी के संगे छल कइल जा रहल बा। बाक़िर हमनी के रुके वाला नइखी सन। जब ले भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता ना मिल जाई ,तब ले हमनी के ई मांग उठावत रहब सन । भोजपुरी क इतिहास, साहित्य…
Read Moreमातृभाषा दिवस (२१ .२. २०२४)के अवसर पर एगो सारस्वत समारोह के आयोजन
विश्व भोजपुरी सम्मेलन, प्रांतीय इकाई (उ.प्र.) के तत्वावधान में मातृभाषा दिवस (२१ .२. २०२४)के अवसर पर एगो सारस्वत समारोह क आयोजन जीवनदीप एकेडमी, बड़ा लालपुर ,वाराणसी में साहित्य अकादमी के भाषा सम्मान से सम्मानित वरिष्ठ साहित्यकार आ पाती पत्रिका के संपादक डॉ अशोक द्विवेदी क अध्यक्षता में भइल। कार्यक्रम में मुख्य अतिथि के रूप में अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन के महामंत्री प्रो जयकांत सिंह आ विशिष्ट अतिथि के रूप में वरिष्ठ साहित्यकार डॉ गुरुचरण सिंह, डॉ पी राज सिंह, ई राजेश्वर सिंह, वि. भो. स. के केंद्रीय कार्यालय प्रभारी…
Read Moreसरस्वती पूजा के आयोजन भइल
बलिया। बांसडीह रोड थाना क्षेत्र के तिखमपुर गांव स्थित एक कालोनी में अपरिमिता- साहित्यिक, सामाजिक एवं सांस्कृतिक संस्थान द्वारा वसंत पंचमी के अवसर पर एगो सांस्कृतिक कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल।एह मौका पर माई सरस्वती के चित्र के समीप विधिवत पूजा अर्चना क के कार्यक्रम के शुभारम्भ कइल गइल। उहाँ गायिका सुनीता पाठक सरस्वती वन्दना ‘वर दे वीणावादिनी वर दे’गीत गा के माहौल के भक्तिमय बना दीहली। उहें श्रोता लोगन के मांग पर होली गीत ‘सिया चलली अवधवा की ओर, गाकर ताली बजाने को विवश क दिहनी। उहाँ के कहनी…
Read More