गीत

रूठल रूठल बदरवा मनाई कइसे।

गाई रगिया मल्हरवा सुनाई कइसे ।।

 

उत्तर में बदरा हाथ जोड़ी लिहले,

पछुवा बेयरिया गजब कई दिहले,

भारी गरमी से जियरा जियाई कइसे ।।रूठल…..

 

आजु रथ जतरा में रथवा खिंचाइल,

कुछ कुछ बदरिया अकासे रहल छाइल,

इचिको बरसल ना बदरा नहाई कइसे ।।रूठल…..

 

रउवा त ठीक भइली पीही कढवा,

लुहिया सहत पूरा बीतल अषढ़वा,

अब जिनगी के रथवा खिंचाई कइसे ।।रूठल……

 

बाबा जगन्नाथ भेजी पूरब से पनियां,

‘लाल’ रोवे घरवा रोवत बानी धनियां,

राउर भगतन के दुखड़ा बताई कइसे ।।रूठल……

 

  • हीरलाल द्विवेदी ‘लाल’

Related posts

Leave a Comment