बीएचयू के भोजपुरी अध्ययन केंद्र में आज “भोजपुरी की लोक संस्कृति और उसके लोक नायक” श्रृंखला के तहत भिखारी ठाकुर प विशेष संगोष्ठी के आयोजन भइल. एह संगोष्ठी के अध्यक्षता समन्वयक श्रीप्रकाश शुक्ल जी कइनी. जहवां विशिष्ट वक्ता के रूप में बलिया से आइल डा. शुभनीत कौशिक लोक संस्कृति आ भोजपुरी नाटकन के परंपरा प विस्तार से डलनी त मुख्य वक्ता के रूप में दिल्ली विश्वविद्यालय से आइल डा. मुन्ना कुमार पांडेय जीआपन सारगर्भित भाषण से लोक नायक के रूप में भिखारी ठाकुर के अवदान आ एगो नायक के रूप में भिखारी ठाकुर के नया प्रतिमान के रूप में स्थापित कइनी. अध्यक्षीय संबोधन में श्रीप्रकाश शुक्ल जी भोजपुरी के नायकन के इयाद करत भोजपुरी के भविष्य के निर्माण खातिर तमाम शोधार्थियन आ श्रोता लोगन के प्रेरित कइनी. एह कार्यक्रम में स्वागत भाषण डाली मेघनानी के रहल त धन्यवाद ज्ञापन रिंकी सिंह देली. कार्यक्रम के संचालन के जिम्मेवारी हम खुद संभलनीं. खास बात इ रहे कि एह कार्यक्रम में वीर कुंवर सिंह विश्वविद्यालय, आरा से आ बिक्रमगंज से भी कई लोग एह कार्यक्रम में शामिल भइल आ बीएचयू के कई विभाग से काफी संख्या में शोधार्थी आ छात्र शामिल रहलें.
भिखारी ठाकुर प विशेष संगोष्ठी के आयोजन
