बलिया। बांसडीह रोड थाना क्षेत्र के तिखमपुर गांव स्थित एक कालोनी में अपरिमिता- साहित्यिक, सामाजिक एवं सांस्कृतिक संस्थान द्वारा वसंत पंचमी के अवसर पर एगो सांस्कृतिक कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल।एह मौका पर माई सरस्वती के चित्र के समीप विधिवत पूजा अर्चना क के कार्यक्रम के शुभारम्भ कइल गइल। उहाँ गायिका सुनीता पाठक सरस्वती वन्दना ‘वर दे वीणावादिनी वर दे’गीत गा के माहौल के भक्तिमय बना दीहली। उहें श्रोता लोगन के मांग पर होली गीत ‘सिया चलली अवधवा की ओर, गाकर ताली बजाने को विवश क दिहनी। उहाँ के कहनी कि बसंत पंचमी हिंदू धर्म के एगो खास त्योहार ह, जवन ज्ञान के देवी माई सरस्वती के समर्पित ह। ई त्योहार हर साल माघ महिना के शुक्ल पक्ष कीके पंचमी तिथि के बसंत पंचमी मनावल जाला । संगही इहो कहनी कि साल के सगरी ऋतुवन में वसंत के सभे ऋतुन के राजा मानल जाला। एकरा कारने एह दिन के बसंत पंचमी कहल जाला । एह मोका पर विकास पाण्डेय, रजनी उपाध्याय , सुषमा तिवारी, प्रांजला तिवारी,अनिता शर्मा, नीलम मधेसिया बब्ली पाण्डेय आदि लोग उपस्थित रहलें ।
सरस्वती पूजा के आयोजन भइल
![](https://www.bhojpurisahityasarita.com/wp-content/uploads/2024/02/sunita-paathak.jpg)