धरती पर उतरल बिहान

बोलल चिरइया मड़इया का उपराँ
सुनि सुनि उठलें किसान
देखीं धीरे धीरे-
धरती पर उतरल बिहान।
पुरुवा पवनवाँ पोर पोर भीने
बछरू बन्हल डिंड़िआय
चमकत चनवाँ कहवाँ लुकइलें
गइलीं तरइयो हेराय।
मठ मन्दिर से भजनियाँ सुनाले
रेडियो में जोर से अजान
देखीं धीरे धीरे –
धरती पर उतरल बिहान।
बसिया परल रातरानी के महकिया
पनघट के जल जोहे बाट
पोखरा के भीटा बतिआवे डहरिया से
हँसे लगे नदिया के घाट।
हेंईं हेंईं धोवेला धोबिनियाँ के सजना
साफ साफ लउके सिवान
देखीं धीरे धीरे-
धरती पर उतरल बिहान।
सोनवाँ का पलकी में चढ़िके किरिनियाँ
झाँकेले टारि के ओहार
फुलवन से बगिया में घूमि घूमि भँवरा
जोरेला नेहियाँ के तार ।
उठिके गुजरिया अंगना बुहारे
बुढ़ऊ बिछौने तोरें तान
देखीं धीरे धीरे-
धरती पर उतरल बिहान।
  • कृष्ण देव घायल

Related posts

Leave a Comment