राजधानी दिल्ली में “रंग रसिया महोत्सव 2025” के आयोजन भइल

देश के राजधानी दिल्ली में स्वर कोकिला पद्मविभूषण शारदा सिन्हा जी के श्रद्धांजलि स्वरूप एक मनमोहक कार्यक्रम “रंग रसिया महोत्सव 2025” के आयोजन भइल। एह कार्यक्रम के संचालन माँ सरस्वती नृत्य भारती कलापीठ क संचालिका आ लोक गायिका विजय लक्ष्मी उपाध्याय कइनी। कार्यक्रम के भोजपुरी समाज दिल्ली के अध्यक्ष आ मैथिली भोजपुरी अकादमी के पूर्व उपाध्यक्ष श्री अजीत दुबे जी संबोधित कइलें। उहाँ भइल सगरे प्रदर्शन अद्भुत रूप से मनोरम रहल, बाक़िर कुछ विशेष प्रदर्शन अइसन रहल जवन दर्शक लोगन के  ‘वाह’ कहे पर मजबूर कर दीहलस, अपने माई के खातिर विशेष समर्पण देवे ला हमनी का लगे  स्वर कोकिला शारदा सिन्हा जी के पुत्री वंदना भारद्वाज रहलीं, उहाँ के  अपने पीछे छोड़ल गईल विरासत के गवली, जवना के संचालन उनका भाई अंशुमान सिन्हा  कइलें। हमनी का लगे गुरु शिखा खरे रहलीं, जे एगो प्रसिद्ध शास्त्रीय नृत्यांगना बाड़ी, उहाँ के मंच पर कजरी के  प्रस्तुति देहलीं। सबसे मनोरम प्रदर्शन अंत में भइल, जहवाँ माँ सरस्वती नृत्य भारती कलापीठ के वरिष्ठ छात्रन द्वारा मंच पर लोक संगीत आ महापर्व छठ मनावल गइल। इहों देखल गइल कि विजय लक्ष्मी उपाध्याय आ उनके बेटी अंजली शिवाय द्वारा लोकगीत प्रस्तुति दर्शकन खातिर एगो भावनात्मक अनुभव रहे, जवना के सगरे मेहमान लो खूब खूब सराहल। कार्यक्रम के सभेले खूबसूरत हिस्सा तब आइल जब विजय लक्ष्मी उपाध्याय के माई उमरावती देवी जी शारदा सिन्हा जी द्वारा गावल गइल पुरान गीतन में से एगो गीत सुने के मिलल । अइसन लागत रहे कि जइसे तीन पीढ़ी मिलके लोक सौंदर्य के  प्रतिनिधित्व कर रहल ।

विशिष्ट अतिथि

डॉक्टर नलिनी कमलिनी –पद्मश्री,कथक नृत्यांगना,

श्री अरविंद दुबे- पूर्व एयरपोर्ट डायरेक्टर (पटना) जनरल मैनेजर (कार्गो ),

डॉ. संजीव सक्सेना- प्रोग्राम ऑफिसर मैथिली भोजपुरी अकैडमी,

डॉक्टर वेद प्रकाश टंडन –चेयरमैन कमल इंस्टीट्यूट ऑफ हायर एजुकेशन एंड एडवांस टेक्नोलॉजी, श्री जयवीर यादव जी –समाजसेवी , ओनर जयवीर नान चाप

अतिथि

जे पी द्विवेदीएडिटर भोजपुरी साहित्य सरिता

दिलीप गिरी –प्रेसिडेंट गिरमिटिया फाउंडेशन

किरण पांडे- एसपीएम कॉलेज, डीयू की शासी निकाय में कोषाध्यक्ष

देवकांत पाण्डेय–कवि भोजपुरी हिंदी, मैनेजर एयरपोर्ट अथॉरिटी ऑफ इंडिया , देवेंद्र नाथ तिवारी –स्कॉलर कम्युनिकेशन एक्सपर्ट पॉलिसी एडवाइजर , कुंदन सिंह –कवि , विजया भारती –लोक गायिका

Related posts

Leave a Comment