समाज कल्याण फेडरेसन ऑफ इंडिया भोजपुरी साहित्यकार के सम्मानित कइलस

स्वतन्त्रता दिवस के पहिल संझा के समाज कल्याण फेडरेसन ऑफ इंडिया अपने एगो कार्यक्रम में गाजियाबाद के सुप्रसिद्ध भोजपुरी साहित्यकार जयशंकर प्रसाद द्विवेदी के उनुका भोजपुरी के सतत सेवा खातिर सम्मानित कइलस। संस्था के अध्यक्ष जितेंद्र बच्चन जी कहलें कि जहाँ लोग शहर में जाते आपन मातृभाषा भुला जाला, उहें भोजपुरी क रेगिस्तान कहावे वाला जगहा पर द्विवेदी जी पछिला 5-6 बरिस से भोजपुरी के मासिक पत्रिका भोजपुरी साहित्य सरिता निकाल रहल बाड़न। संगही उहाँ के 4 गो किताब प्रकाशित हो चुकल बाड़ी आ 5 गो किताबन के संपादनों क…

Read More

अपनइत के काव्य गोष्ठी सम्पन्न भइल

 स्वतंत्रता दिवस के पूर्व संध्या पर एक काव्यगोष्ठी “अपनइत ” (भोजपुरी संस्था) के तत्वावधान में हमरे आवास शास्त्री नगर गाजियाबाद में सम्पन्न भइल जेकर अध्यक्षता क भूमिका देस क जानल मानल प्रतिष्ठित कवि ,शायर, पत्रकार अ सम्पादक हम सबकर दुलरूआ अ चहेता भाई मनोज भावुक जी निभवलन। गोष्ठी के अध्यक्ष भाई मनोज भावुक जी मां सरस्वती के प्रतिमा पर माल्यार्पण कर के दीप प्रज्वलित कइलन , ओकरे उपरान्त श्री अजयवीर सिंह त्यागी जी सम्मानित अध्यक्ष अ रचना कारन क स्वागत माला पहिना के अ शाल ओढ़ाके कइलन। गोष्ठी क सफल…

Read More