जात में जात इहां जतिए प्रधान बा इ ह भारत इहां जतिए पहिचान बा। जात में जात जइसे केला के पतिया छिलका पियाज के जस मोथा के घसिया जात के मान इहां जतिए अभिमान बा इ ह भारत इहां जतिए पहिचान बा। पानी के जात इहां मटका के जतिया भात के जात इहां रोटियो के जतिया जात से बड़ा-छोट जतिए भगवान बा इ ह भारत इहां जतिए पहिचान बा। पीड़ित भयल इहां जतिए से मानव जतिए से मानव कहाइल दनुज-दानव चरित-गुनहीन देखा तबो सम्मान बा इ ह…
Read MoreTag: राम बचन यादव
नून-तेल-लकड़ी मे फंसि गइल जनता
नून-तेल-लकड़ी मे फंसि गइल जनता नाहीं त तखता पलटि देत जनता! ओके लगेला की होत बा सब अच्छा नइखे मालूम के बा झूठा के बाद सच्चा भेड़ियन के बीच में भइल नंगी जनता नाहीं त तखता पलटि देत जनता! धरम-करम मेें उ बा गइल अझुराई जात-पात ऊंच-नीच के रोग लगाई भरम मे भागल जाले कांवर लेके जनता नाहीं त तखता पलटि देत जनता! बरध जइसे रात-दिन बहावे पसीना पेट जिआवे फारि धरती के सीना किसमत पे रोवै बइठ करे कुछ ना जनता नाहीं त तखता पलटि देत…
Read Moreलागल लड़िका के बजार
लागल लड़िका के बजार एहि जुगवै में कीनैं लड़की के बाप एहि जुगवै में ! तीन-चार लाख रुपइया पुलिस-प्राइमरी के भैया साथे एगो मोटर कार एहि जुगवै में लागल लड़िका के बजार एहि जुगवै में! जवन जुनियर में पढ़ावै सात से आठ लाख फुरमावै कार दतवा चिआर एहि जुगवै में लागल लड़िका के बजार एहि जुगवै में! दस लाख टीजीटी के पार माई – बाबू मांगैं कार देदा लड़की के डाल एहि जुगवै में लागल लड़िका के बजार एहि जुगवै में! गरम पीजीटी के बाज़ार पनरह…
Read More