होली मिलन/वसंतोत्सव के आयोजन

गाजियाबाद । पूर्वांचल भोजपुरी महासभा गाजियाबाद का तत्वावधान में अग्रसेन भवन,लोहिया नगर में भोजपुरी सम्मेलन आ होली मिलन/वसंतोत्सव के आयोजन कइल गइल।एह आयोजन में मुख्य अतिथि का रूप में श्रीमती  आशा शर्मा (महापौर), गाजियाबाद सिरकत कइली।

कार्यक्रम का आरंभ अतिथियन द्वारा दीप प्रज्वलन आ सरस्वती वंदना के संगे भइल।  सरस्वती वंदना रोमी माथुर जी के मधुर कंठ सम्पन्न भइल।कार्यक्रम का शुरू में पूर्वांचल के विशिष्ट विभूति लोगन के सम्मानित कइल गइल।एह बरीस पूर्वांचल भोजपुरी महासभा महिला लोगन पर केंद्रित भोजपुरी के पहिलकी किताबि ‘भोजपुरी साहित्य में महिला रचनाकारन के भूमिका’ के संपादक लोग डॉ सुमन सिंह, केशव मोहन पांडेय आ जयशंकर प्रसाद द्विवेदी के उनका एह ऐतिहासिक काम खाति सम्मानित कइलस।कार्यक्रम के दौरान अपने उद्बोधन में सुभासवादी भारतीय समाजवादी पार्टी के संस्थापक सतेंद्र यादव जी कहनी कि भोजपुरी भाषा का प्रतिष्ठा में पूर्वांचल भोजपुरी महासभा के लगातार परयास सराहे जोग बाटे।मुख्य अतिथि  गाजियाबाद के महापौर श्रीमती आशा शर्मा अपना के भोजपुरिया बिटिया बतावत कहली कि महासभा अध्यक्ष  अशोक श्रीवास्तव भोजपुरी भाषा आ साहित्य खाति उनुका समर्पण सभे के मालूम बा।एह अवसर पर महासभा के पूर्वोदय स्मारिका आ भोजपुरी साहित्य सरिता के मार्च अंक के अतिथि लोगन द्वारा विमोचन कइल गइल।
कार्यक्रम में लखनऊ से आइल भोजपुरी के दुलरूई लोकगायिका संजोली पांडेय अपने फागुनी गीतन से सभे के मन मोह लेहनी।किशोर एन्ड पार्टी का संगे आइल अंजु सिंह आ अन्य कलाकार लोग पश्चिम में पूरब के सुघर रूप सजवलें।साँचो भोजपुरी के खुसबू के नीमन प्रस्तुति एगो समृद्ध मंच से होखल कवनों भोजपुरी भाषा भाषी खाति गरब के बाति होला।

कार्यक्रम में मुख्य रूप से के के पांडेय,ओ पी भारती,जे पी यादव,बी एन तिवारी,के एन लाल, केदार नाथ तिवारी,अशोक श्रीवास्तव,अशोक तिवारी,आनंद मणि त्रिपाठी,जे पी द्विवेदी,केशव मोहन पांडेय,सुनील सिन्हा,श्रीमती तनुजा द्विवेदी,श्रीमती प्रीति चंद्र राय, श्रीमती अर्चना शर्मा,बीर सिंह त्यागी, बी एल भगत, शैलेन्द्र श्रीवास्तव,विद्याशंकर त्रिपाठी,कै गोपाल गुंजन,प्रमोद श्रीवास्तव,अखिलेश मिश्र,अनिल सिन्हा, उमेश दीक्षित,अजीत श्रीवास्तव,रंजीत कुशवाहा सहित अन्य सभी गणमान्य लोग उपस्थित रहलें।
कार्यक्रम का संयुक्त संचालन मनोज भावुक आ कै गोपाल गुंजन ने सफलता पूर्वक कइलें। महासभा अध्यक्ष  अशोक श्रीवास्तव के धन्यवाद ज्ञापन का संगे कार्यक्रम का सुखद समापन भइल। कार्यक्रम का बाद में सभे अतिथि आ श्रोता लोग भोजन ग्रहण क के सुखद स्मृतियन का संगे अपना-अपना गंतब्य का ओर प्रस्थान कइलें।

Related posts

Leave a Comment