गजियाबादी नगर निगम हौ

लूट खसोट मचवलें प्रतिनिधि
जन सुविधन पर गिरल सितम हौ।
गजियाबादी नगर निगम हौ॥

मेयर की तो बात न पूछो
लूट रहल सौगात न पूछो
ठिकेदारन के ज़ेबा भइया
इनका खातिर अति सुगम हौ।
गजियाबादी नगर निगम हौ॥

निगम के पिछे कचरा के ढेरी
लूटे खातिर लगत हौ फेरी
शिकायत कइला पर भइया
जिनगी ससुरी भइल ज़ुलम हौ।
गजियाबादी नगर निगम हौ॥

सड़कन पर गढ़्ढन के लाइल
अन्हियारा विकास के साइन
मोहल्लन में गटर के पानी
इनका खातिर चलत फिलम हौ।
गजियाबादी नगर निगम हौ॥

लगल करै स्वक्षता के नारा
पार्षद दुअरा चलै फब्बारा
जनता भलही रोवै गावै
इनकर त फहरत परचम हौ।
गजियाबादी नगर निगम हौ॥

चीन्ह चीन्ह के काम करावै
बदले में खूब कमीसन खावै
कुरसी खातिर तरवा चाटल
ई लोगन के असली धरम हौ।
गजियाबादी नगर निगम हौ॥

• जयशंकर प्रसाद द्विवेदी

Related posts

Leave a Comment