मन गद गद बा। देश के राजधानी दिल्ली में अध्यापन का संगे सर्वभाषा ट्रस्ट संयोजक, सर्वभाषा प्रकाशन के कर्ता-धर्ता, सर्वभाषा पत्रिका के संपादक आ भोजपुरी साहित्य सरिता के साहित्य संपादक केशव मोहन पाण्डेय के हिन्दी दिवस का दिने (मने 14 सितंबर) के काशी में हिन्दुस्थान समाचार भोजपुरी भाषा के क्षेत्र मे उल्लेखनीय योगदान खातिर “भारतीय भाषा सम्मान 2023” से सम्मानित कइल गइलl देवाधिदेव शिव के नगरी काशी में उहाँ के ई सम्मान श्री शंकरविजयेंद्रसरस्वती जी महाराज आ उत्तर प्रदेश के डिप्टी सी. एम. श्री केशव प्रसाद मौर्य द्वारा दीहल गइल l खूब बधाई।
Related posts
-
मातृभाषा दिवस (२१ .२. २०२४)के अवसर पर एगो सारस्वत समारोह के आयोजन
विश्व भोजपुरी सम्मेलन, प्रांतीय इकाई (उ.प्र.) के तत्वावधान में मातृभाषा दिवस (२१ .२. २०२४)के अवसर पर... -
सरस्वती पूजा के आयोजन भइल
बलिया। बांसडीह रोड थाना क्षेत्र के तिखमपुर गांव स्थित एक कालोनी में अपरिमिता- साहित्यिक, सामाजिक एवं... -
भोजपुरी के हिरामन गोलोक वासी भइलें
ख्यातिप्राप्त वयोवृद्ध कवि आ साहित्यकार पंडित हरिराम द्विवेदी जी अब हमनी का बीच नइखी । सोमार...