विश्व पुस्तक मेला – 2025 में 8 फरवरी के संगीत रागी जी के काव्य संग्रह ‘मुझे तुमसे कोई गिला नहीं’ के लोकार्पण सम्पन्न भइल । एह समारोह में संगीत रागी, अखिलेन्द्र मिश्रा, ओम निश्चल, चंद्र प्रकाश द्विवेदी ,केशव मोहन पाण्डेय , लक्ष्मी शंकर वाजपेई आ जयशंकर प्रसाद द्विवेदी सिरकत कइलें।
Read MoreCategory: टटका समाचार
जयशंकर प्रसाद द्विवेदी के पहिल हिन्दी काव्य संकलन ‘सूत्रधार कौन’ के विमोचन भइल
विश्व पुस्तक मेला -2025 के 6 वे दिन भोजपुरी के प्रतिष्ठित कवि आ भोजपुरी साहित्य सरिता के संपादक जयशंकर प्रसाद द्विवेदी के पहिल हिन्दी काव्य संकलन ‘सूत्रधार कौन’ के विमोचन ‘सर्वभाषा ट्रस्ट के स्टाल पर सम्पन्न भइल। लोकरपन समारोह में उत्तर प्रदेश हिन्दी संस्थान के प्रधान संपादक डॉ अमिता दुबे, प्रखर आलोचक ओम निश्चल , प्रभात पाण्डेय, आस्था सहित अनेक विद्वान लोग सिरकत कइलें। सर्वभाषा ट्रस्ट के संजोजक केशव मोहन पाण्डेय जी एह ला सभाके प्रति आभार जतवलें।
Read Moreभोजपुरी भाषा के मान्यता खातिर बड़हर धरना प्रदर्शन के आयोजन भइल
नई दिल्ली,भोजपुरी भाषा के संविधान का आठवीं अनुसूची में शामिल करावे खातिर ‘ भोजपुरी जन जागरण अभियान ‘ के बैनर तले जंतर-मंतर, दिल्ली पर 4 अगस्त,2024 के एगो बड़हर धरना प्रदर्शन के आयोजन भइल । जवना के अध्यक्षता प्रो.पृथ्वी राज सिंह कइलें। राष्ट्रीय अध्यक्ष डा.संतोष पटेल जोरदार ढंग से अवाज उठावतकहलें कि,’ भोजपुरी के संगे छल कइल जा रहल बा। बाक़िर हमनी के रुके वाला नइखी सन। जब ले भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता ना मिल जाई ,तब ले हमनी के ई मांग उठावत रहब सन । भोजपुरी क इतिहास, साहित्य…
Read Moreमातृभाषा दिवस (२१ .२. २०२४)के अवसर पर एगो सारस्वत समारोह के आयोजन
विश्व भोजपुरी सम्मेलन, प्रांतीय इकाई (उ.प्र.) के तत्वावधान में मातृभाषा दिवस (२१ .२. २०२४)के अवसर पर एगो सारस्वत समारोह क आयोजन जीवनदीप एकेडमी, बड़ा लालपुर ,वाराणसी में साहित्य अकादमी के भाषा सम्मान से सम्मानित वरिष्ठ साहित्यकार आ पाती पत्रिका के संपादक डॉ अशोक द्विवेदी क अध्यक्षता में भइल। कार्यक्रम में मुख्य अतिथि के रूप में अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन के महामंत्री प्रो जयकांत सिंह आ विशिष्ट अतिथि के रूप में वरिष्ठ साहित्यकार डॉ गुरुचरण सिंह, डॉ पी राज सिंह, ई राजेश्वर सिंह, वि. भो. स. के केंद्रीय कार्यालय प्रभारी…
Read Moreसरस्वती पूजा के आयोजन भइल
बलिया। बांसडीह रोड थाना क्षेत्र के तिखमपुर गांव स्थित एक कालोनी में अपरिमिता- साहित्यिक, सामाजिक एवं सांस्कृतिक संस्थान द्वारा वसंत पंचमी के अवसर पर एगो सांस्कृतिक कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल।एह मौका पर माई सरस्वती के चित्र के समीप विधिवत पूजा अर्चना क के कार्यक्रम के शुभारम्भ कइल गइल। उहाँ गायिका सुनीता पाठक सरस्वती वन्दना ‘वर दे वीणावादिनी वर दे’गीत गा के माहौल के भक्तिमय बना दीहली। उहें श्रोता लोगन के मांग पर होली गीत ‘सिया चलली अवधवा की ओर, गाकर ताली बजाने को विवश क दिहनी। उहाँ के कहनी…
Read Moreभोजपुरी के हिरामन गोलोक वासी भइलें
ख्यातिप्राप्त वयोवृद्ध कवि आ साहित्यकार पंडित हरिराम द्विवेदी जी अब हमनी का बीच नइखी । सोमार के उहां के अपना महमूरगंज मोती झील स्थित आवास पर अन्तिम सांस लिहनी। पंडित हरिराम द्विवेदी पिछिला आठ महिना ले गंभीर रूप से अस्वस्थ चलत रही। मूल रूप से मिर्जापुर के शेरवा गांव निवासी पंडित हरिराम द्विवेदी जी के जनम 12 मार्च 1936 के भइल रहे। पंडित हरिराम द्विवेदी आकाशवाणी के लोकप्रिय कवि रहले।उहा के एगो कुशल मंच संचालक भी रही। पंडित हरिराम द्विवेदी जी के साहित्य अकादमी भाषा सम्मान, राहुल सांकृत्यायन पुरस्कार (उत्तर…
Read Moreपाती रचना मंच आ विश्व भोजपुरी सम्मेलन के अधिवेशन सम्पन्न
काल्ह दिनांक-16दिसम्बर2023के पाती रचना मंच आ विश्व भोजपुरी सम्मेलन के तत्वावधान में अधिवेशन सम्पन्न भइल जवना में ” पाती अक्षर सम्मान”, “भोजपुरी के बढत डेग” विषय पर विचार गोष्ठी आ काव्य गोष्ठी शामिल रहे। सर्व श्री दिनेश पाण्डेय ,शशि प्रेमदेव आ शिवाजी पाण्डेय ‘रसराज’ जी के “पाती अक्षर सम्मान” से सम्मानित कइल गइल। एकरा बाद “भोजपुरी के बढत डेग” विषय पर सर्व श्री प्रकाश उदय जी,प्रो0 सदानंद शाही, प्रो0 पी राज सिंह आदि द्वारा आपन – आपन विचार दिहल गइल। अल्पाहार के बाद कवि गोष्ठी सम्पन्न भइल जवना में डॉ…
Read Moreभोजपुरी साहित्य सरिता के संपादक जे पी द्विवेदी के भोजपुरी पत्रकारिता खातिर सम्मान मिलल।
16 दिसंबर | जमसेदपुर (झारखंड) में चल रहल अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन के 27 वें अधिवेसन में ‘भोजपुरी साहित्य सरिता’ पत्रिका के संपादन का चलते ‘पाण्डेय नर्वदेशवर सहाय’ सम्मान पत्रिका के संपादक जे पी द्विवेदी के मिलल।ई सम्मान मंच से भोजपुरी साहित्य सरिता के सहायक संपादक डॉ रजनी रंजन जी के अभाभोसास के राष्ट्रीय अध्यक्ष डॉ ब्रजभूषण मिश्र आ मुख्य अतिथि डॉ सरिता बुद्धू जी प्रदान कइनी। एह सम्मान के मिलला पर भोजपुरी साहित्य सरिता के संपादक जे पी द्विवेदी अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन के प्रति आपन आभार…
Read Moreडॉ. ब्रजभूषण मिश्र होखिहें अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन के सत्ताइसवाँ राष्ट्रीय अध्यक्ष
जमशेदपुर। अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन, बिहार के राष्ट्रीय प्रवर समिति आ कार्य समिति के 24 सितम्बर, 2023 के ‘ तुलसी भवन ‘ जमशेदपुर ( झारखंड ) में भइल अत्यंत महत्वपूर्ण संयुक्त बैठक में निर्णय लिहल गइल कि भोजपुरी-हिन्दी के जानल-मानल साहित्यकार आ समीक्षक डॉ. ब्रजभूषण मिश्र सम्मेलन के सत्ताईसवां राष्ट्रीय अध्यक्ष होइहें। सम्मेलन के राष्ट्रीय महामंत्री प्रो. (डॉ.) जयकान्त सिंह ‘ जय ‘ बतवलें कि सत्तर के दशक से भोजपुरी भाषा, समाज, संस्कृति, साहित्य आ शिक्षा के निर्माण, उत्थान आउर वैश्विक पहचान खातिर लगातार सुव्यवस्थित पद्धति से काम करे…
Read Moreकेशव मोहन पाण्डेय “भारतीय भाषा सम्मान 2023” से नवाजल गइलें
मन गद गद बा। देश के राजधानी दिल्ली में अध्यापन का संगे सर्वभाषा ट्रस्ट संयोजक, सर्वभाषा प्रकाशन के कर्ता-धर्ता, सर्वभाषा पत्रिका के संपादक आ भोजपुरी साहित्य सरिता के साहित्य संपादक केशव मोहन पाण्डेय के हिन्दी दिवस का दिने (मने 14 सितंबर) के काशी में हिन्दुस्थान समाचार भोजपुरी भाषा के क्षेत्र मे उल्लेखनीय योगदान खातिर “भारतीय भाषा सम्मान 2023” से सम्मानित कइल गइलl देवाधिदेव शिव के नगरी काशी में उहाँ के ई सम्मान श्री शंकरविजयेंद्रसरस्वती जी महाराज आ उत्तर प्रदेश के डिप्टी सी. एम. श्री केशव प्रसाद मौर्य द्वारा दीहल गइल…
Read More