नई दिल्ली,भोजपुरी भाषा के संविधान का आठवीं अनुसूची में शामिल करावे खातिर ‘ भोजपुरी जन जागरण अभियान ‘ के बैनर तले जंतर-मंतर, दिल्ली पर 4 अगस्त,2024 के एगो बड़हर धरना प्रदर्शन के आयोजन भइल । जवना के अध्यक्षता प्रो.पृथ्वी राज सिंह कइलें।
राष्ट्रीय अध्यक्ष डा.संतोष पटेल जोरदार ढंग से अवाज उठावतकहलें कि,’ भोजपुरी के संगे छल कइल जा रहल बा। बाक़िर हमनी के रुके वाला नइखी सन। जब ले भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता ना मिल जाई ,तब ले हमनी के ई मांग उठावत रहब सन । भोजपुरी क इतिहास, साहित्य आ समाज बहुत गंभीर आ समृद्ध हवे। भोजपुरी बस भाषा आ बोली भर नइखे , बलुक माटी से जुड़ल लोगन के महतारी ह । एह खातिर भोजपुरी के इसे संवैधानिक दर्जा मिले के चाही ।’
धरना के मुख्य रूप से संबोधित करे वालन में अन्य प्रमुख साहित्यकार जे पी द्विवेदी, अशोक श्रीवास्तव, विजयलक्ष्मी उपाध्याय, पुष्कर कुमार,डा.मनोज कुमार ,सी.के.भट्ट, अमित कनौजिया, देवेन्द्र कुमार, ओमप्रकाश कुमार,अमित कुमार, अनिल कुमार,चंदन कुमार, एडवोकेट आर्यन कुमार, अमरजीत कुमार सिंह आदि थे। एकरा इतर जे.एन.यू., दिल्ली विश्वविद्यालय से आइल विद्यार्थी लो भोजपुरी के खातिर आपन अवाज बुलंद कइलन।
धरना में देश के अनेक हिस्सन से बड़ी संख्या में भोजपुरी भाषा भाषी लोगन के जुटान भइल रहल।