डा अमिता दुबे सर्वभाषा साहित्य सृजन सम्मान –2023 से सम्मानित

प्रो रामदरश मिश्र उनके कृतित्व के भूरि – भूरि सराहना कइलें।

नई दिल्ली, 11 सितंबर, 2023.

हिंदी के सुपरिचित कवयित्री कथाकार आलोचक डा अमिता दुबे के सर्वभाषा ट्रस्ट का ओर से सर्वभाषा साहित्य सृजन सम्मान से सम्मानित कइल गइल। ई सम्मान ट्रस्ट का ओर से प्रोफेसर रामदरश मिश्र अपना आवास पर भइल एगो सादा समारोह में प्रदान कइलें। डा अमिता दुबे के उहाँ के शॉल से विभूषित करत सम्मान प्रतीक चिन्ह एवं प्रशस्ति पत्र भेंट कइलें।एह अवसर पर हिंदी के समालोचक कवि डा ओम निश्चल, सुपरिचित लेखिका आ दिल्ली विश्वविद्यालय, खालसा कॉलेज के हिंदी विभागाध्यक्ष प्रो स्मिता मिश्र, सर्वभाषा ट्रस्ट के संयोजक केशव मोहन पांडेय अउर कई लेखक आ संस्कृतिकर्मी उपस्थित रहलें।

Related posts

Leave a Comment