माई

पेट जारि के जिअवलू आपन बखरा खिअवलू , करनी अइसन कइलू कभों बिसराई ना केहू माई तोर करजा भरि पाई ना केहू । बहुते बेमार परीं हमहूँ नन्हईयाँ जोहलू न केहुके उठवलू कन्हईयाँ कोसनऽ ले जाई जा के लेहलू दवाई गुन गवला से कतनो अघाई ना केहू माई तोर करजा– जड़वे त कोरवे में साटि लुकववलू भेवनी बिछवना ओहू के झुरववलू किरिया धरावे केहू ठोनहक मारे दुख सहलू जवन ऊ भुलाई ना केहू माई तोर करजा– झोंझरी में भूँजा दे के पढ़े के पठवलू रार ना मचाईं कतों किरिया धरवलू…

Read More

बरसेला बदरा

राखी बान्हेले बदरिया लरकेला बदरा गइली धरती जुड़ाय बरसेला बदरा पुरुवा बयरिया से पठवे सनेसा बितलें बरिस दिन जियरा अनेसा पउते पउते खबरिया हरसेला बदरा गइली धरती जुड़ाय बरसेला बदला मेंड़ ना देखात कहीं भरली कियारी छोटी छोटी गड़ही भेंटेली अकवारी सभके मिलाय के गरजेला बदरा गइली धरती जुड़ाय बरसेला बदरा बन्द होई गइली कोइलिया के बोली झिंगुरा मेघुचवा मचावेलें ठिठोली कजरा के रंग जइसे ढरकेला बदरा गइली धरती जुड़ाय बरसेला बदरा भइया बहिनियाँ के नेह फरिआइल सुखली धरतिया के देंह हरिआइल नतई निभाय कतहीं सरकेला बदरा गइली धरती जुड़ाय…

Read More