डॉ. ब्रजभूषण मिश्र होखिहें अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन के सत्ताइसवाँ राष्ट्रीय अध्यक्ष

जमशेदपुर। अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन, बिहार के राष्ट्रीय प्रवर समिति आ कार्य समिति के 24 सितम्बर, 2023 के ‘ तुलसी भवन ‘ जमशेदपुर ( झारखंड ) में भइल अत्यंत महत्वपूर्ण संयुक्त बैठक में निर्णय लिहल गइल कि भोजपुरी-हिन्दी के जानल-मानल साहित्यकार आ समीक्षक डॉ. ब्रजभूषण मिश्र सम्मेलन के सत्ताईसवां राष्ट्रीय अध्यक्ष होइहें। सम्मेलन के राष्ट्रीय महामंत्री प्रो. (डॉ.) जयकान्त सिंह ‘ जय ‘ बतवलें कि सत्तर के दशक से भोजपुरी भाषा, समाज, संस्कृति, साहित्य आ शिक्षा के निर्माण, उत्थान आउर वैश्विक पहचान खातिर लगातार सुव्यवस्थित पद्धति से काम करे…

Read More

‘अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन’ के दिल्ली इकाई के गठन भइल

दिल्ली। ‘अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन’ भोजपुरी साहित्य के संवर्धन-संरक्षण के क्षेत्र में काम करे वाली सबसे पुरान संस्था ह। एह संस्था से अनेक वरिष्ठ साहित्यकार लोग जुड़ रहल बा। एह संस्था के 21 वां अधिवेशन पिछला 26-27 फरवरी के बिहार के मोतिहारी में भइल। अधिवेशन सम्मेलन के नया कार्यकारिणी के गठन भइल आ ओही में प्रतिज्ञा पढ़ल गइल कि एकर विस्तार देश के अलग-अलग राज्यो में कइल जाई। ओहि सिलसिला में दिल्ली इकाई के संयोजक केशव मोहन पाण्डेय के बनावल गइल। पिछले दिन दिल्ली इकाई के गठन भइल ह।…

Read More