समइये गुरु ह समइये ह चेला

समइये गुरु ह समइये ह चेला समझ नाहीं आवे समइया के खेला । लहर जाला झंडा केहु के अकासे केहु हाथ मल के रहेला उदासे समइये घुमावेला सुख दुख के मेला समझ नाहीं आवे समइया के खेला । बिना मंगले देबेला बड़का खजाना मंगला पर मिले न चाउर के दाना कहां केहु के कुछो वश में रहेला समझ नाहीं आवे समइया के खेला । आदमी के कुक्कुर नियन दुरदुरावे समइये ह कुक्कुर के आदमी बनावे समय पर समइये परीक्षा भी लेला समझ नाहीं आवे समइया के खेला । करम आ…

Read More

सावन भादो फेल भइल ह

जेठ में अइसन खेल भइल ह सावन भादो फेल भइल ह । नदी नहर फूफकरले बाटे ताल पोखर भी भरले बाटे धान क बिआ सांस ना लिहलस अइसन इहां झमेल भइल ह सावन भादो फेल भइल ह । केकर लगल ह उल्टा बानी लूह के बदले बरसे पानी ललका पानी भरल सिवनवां पूरा रेलम रेल भइल ह सावन भादो फेल भइल ह । तेलहंडा में गइल किसानी कइसे रइहें पशु परानी का खइबा का देहं लगइबा महंगा सरसो तेल भइल ह सावन भादो फेल भइल ह । सांचो में भठजुग…

Read More