भोजपुरी साहित्यकार जयशंकर प्रसाद द्विवेदी के ‘काव्य कौस्तुभ’ के मानद उपाधि मिलल

हिंदुस्तानी अकादमी के भिखारी ठाकुर सम्मान से सम्मानित भोजपुरी के सुप्रसिद्ध साहित्यकार जयशंकर प्रसाद द्विवेदी के ‘काव्य कौस्तुभ’ के मानद उपाधि से नवाजल गइल। साहित्य मंडल नाथद्वारा राजस्थान में  आयोजित भगवती प्रसाद देवपुरा स्मृति एवं राष्ट्रीय बाल साहित्य समारोह ( 6 – 7 जनवरी 2023) के उहाँ के एह  उपाधि से सम्मानित कइल गइल । बतावत चलीं कि जयशंकर प्रसाद द्विवेदी के अब तक ले 5 गो पुस्तक प्रकाशित हो चुकल बाडी आ उहाँ के 3 गो पुस्तकन के  सह सम्पादन कर चुकल बाड़ें। भोजपुरी साहित्य सरिता पत्रिका का पछिला  6 बरीस  से सम्पादन आ प्रकाशन कर रहल बाड़ें।

सन 1937 में स्थापित एह  संस्था द्वारा पहिल बेर भोजपुरी के 4 गो साहित्यकारन  के  समानित कइल गइल।  साहित्य मंडल के मंच से पहिल  बार भोजपुरी भाषा में संबोधन जयशंकर प्रसाद द्विवेदी के नाम दर्ज भइल, एकर पुष्टि संस्था के प्रधानमंत्री श्याम प्रसाद देवपुरा खुदे कइलें। एह बात से दिल्ली आ गाजियाबाद के भोजपुरी भाषा के साहित्यकारन में खुसी के लहर पसरल बा।

Related posts

Leave a Comment