बरसेला बदरा

राखी बान्हेले बदरिया लरकेला बदरा
गइली धरती जुड़ाय बरसेला बदरा
पुरुवा बयरिया से पठवे सनेसा
बितलें बरिस दिन जियरा अनेसा
पउते पउते खबरिया हरसेला बदरा
गइली धरती जुड़ाय बरसेला बदला
मेंड़ ना देखात कहीं भरली कियारी
छोटी छोटी गड़ही भेंटेली अकवारी
सभके मिलाय के गरजेला बदरा
गइली धरती जुड़ाय बरसेला बदरा
बन्द होई गइली कोइलिया के बोली
झिंगुरा मेघुचवा मचावेलें ठिठोली
कजरा के रंग जइसे ढरकेला बदरा
गइली धरती जुड़ाय बरसेला बदरा
भइया बहिनियाँ के नेह फरिआइल
सुखली धरतिया के देंह हरिआइल
नतई निभाय कतहीं सरकेला बदरा
गइली धरती जुड़ाय बरसेला बदरा
  • कृष्णदेव घायल

Related posts

Leave a Comment