लागल लड़िका के बजार

लागल लड़िका के बजार एहि जुगवै में

कीनैं लड़की के बाप एहि जुगवै में !

 

तीन-चार लाख रुपइया

पुलिस-प्राइमरी के भैया

साथे एगो मोटर कार एहि जुगवै में

लागल लड़िका के बजार एहि जुगवै में!

 

जवन जुनियर में पढ़ावै

सात से आठ लाख फुरमावै

कार दतवा चिआर एहि जुगवै में

लागल लड़िका के बजार एहि जुगवै में!

 

दस लाख टीजीटी के पार

माई – बाबू मांगैं कार

देदा लड़की के डाल एहि जुगवै में

लागल लड़िका के बजार एहि जुगवै में!

 

गरम पीजीटी के बाज़ार

पनरह – बीस से भी पार

माल महंगा बा तोहार एहि जुगवै में

लागल लड़िका के बजार एहि जुगवै में!

 

सिविल-प्रोफेसरन के हाल

जनि पूछा हमरे लाल

माल बड़ा इ कमाल एहि जुगवै में

लागल लड़िका के बजार एहि जुगवै में!

 

डायन महंगाई के भाप

बिसुरैं लड़की के बाप

चेहरा लउटैं ले उदास एहि जुगवै में

लागल लड़िका के बजार एहि जुगवै में!

 

राम बचन यादव

प्रवक्ता

आदित्य नारायण राजकीय इंटर कॉलेज चकिया, चंदौली

Related posts

Leave a Comment