वोट माँगे अइले हो

अयोध्या मे गोली चलववले

जरिको न सरमइले हो

एकरा के लाजो ना लागे

वोट माँगे अइले हो।

महजिद पर भोंपू लगववलें

मंदिर के बंद करवलें हो

एकरा के लाजो ना लागे

वोट माँगे अइले हो।

चाचा बाबू हिल मिल के

खूबै लूट मचवलें हो

एकरा के लाजो ना लागे

वोट माँगे अइले हो।

मंचो पर बाबू धकिअवले

हिंदुन के गरिअवलें हो

एकरा के लाजो ना लागे

वोट माँगे अइले हो।

सैफई में नाच करवले

पइसा खूब बहवले हो

एकरा के लाजो ना लागे

वोट माँगे अइले हो।

बदमासन के टिकस देहले

आतंकी गले लगवले हो

एकरा के लाजो ना लागे

वोट माँगे अइले हो।

 

  • जयशंकर प्रसाद द्विवेदी

9/2/2022

Related posts

Leave a Comment