बैनीआहपीनाला

प्यार के रंग

कइसन होला

का ख़ूब गाढ़ लाल

ओढ़हुल के फूल नियर

 

का ख़ूब गाढ़ पीयर

सरसों के फूल नियर

 

का ख़ूब गाढ़ नीला

अलसी के फूल नियर

 

का ख़ूब गाढ़ हरियर

घास नियर

 

का ख़ूब गाढ़ कत्थई

पाकल सेब नियर

 

का ख़ूब झक्क सफ़ेद

चाँदनी नियर

 

आख़िर कइसन होला

रंग प्यार के

 

का रंग प्यार के

बैंगनी होला

 

आसमानी होला

 

नारंगी होला

 

का प्यार के रंग में

शामिल नइखन स

सब रंग

दुनिया के

 

एकरा में शामिल

रंग गाढ़ करिया

सूफियन के लबादा वाला

 

शामिल एह में

बैनीआहपीनाला ……!

 

  •  चंद्रेश्वर

631/58,ज्ञानविहार कॉलोनी

कमता–226028

लखनऊ

मोबाइल नंबर-735564465

Related posts

Leave a Comment