कुकुरिया

भूँक कुकुरिया भूँक

तोके राम भूँकावै भूँक

नइहर खइली सासुर खइली

खइली पास पड़ोस

गिन-गिन देवता पित्तर खइली

तवनों पर अफसोस

आँख खोल के देख बउरही

मचल हौ थूकम थूक।

 

के के नाही कुंआ झंकउली

के के ना तरियउली

भलमनुसन क रस्ता छूटल

अइसन दाँत गड़उली

सोच सोच के कारस्तानी

उठै करेजे हूक।

 

जेकरे माथे बेइल फूलै

ओकरे घर कुकरौंछी

हाँडी बिछै हाड़ बरावै

तुलसी तर मुँहझौंसी

का देखीं मुँह बरै रोवाई

जल्दी मुर्दा फूँक॥

 

  • कैलास गौतम 

Related posts

Leave a Comment