साइबर अपराध की आतंकी हमला ?

आजु काल्ह समाचार पत्र उठा के देखी त लगभग हर दिन साइबर ठगी से संबंधित मामला देखे अउर पढ़े के मिल जाई । जवना के आतंकी हमला भी मानल जा सकत बा ।
आज के अत्याधुनिक तकनीकी युग में लोग आपन जीवन के  सरल बनावे खातिर कईगो उपकरण के प्रयोग करत बा लोग । दुनिया भर में लोग ऑनलाइन इंटरनेट के माध्यम से घर बईठल लोगन के निजी जानकारियन के चोरी करत बाड़न । जवना के साइबर अपराध कहल जाला।
वैश्वीकरण एकमात्र अइसन कारण बा, जेकरा से दुनिया भर के लोग, एक दोसरा से आसानी से जुड़ पावे में सक्षम हो गइल बाड़न। तकनीक के आसानी से उपलब्ध होखल आ ओकर लगातार उपयोग, लोगन के संवाद के तरीका आ जीवन के संचालन पर गहरा प्रभाव डालता बा।
            साइबर अपराध एगो आपराधिक काम ह,  जवन इंटरनेट के माध्यम से कंप्यूटर के उपकरण भा कवनो स्मार्ट उपकरणन के रूप में उपयोग कके यह काम के अंजाम दिहल जाला। हैकर आ अपराधीयन के लगे यह अपराध के करे के विभिन्न उद्देश्य होला। उ कवनो आदमी, कवनो संगठन आ सरकार के भी नुकसान पहुंचावे खातिर अईसन कर सकेलन।
पिछला कुछ सालन में जामताड़ा देश में साइबर अपराध खातिर कुख्यात हो गइल बा । कुछ सालन पहिले तक जामताड़ा में ज्यादा तर कच्चा मकान भा झोपड़ियां होत रहीस । अब कईगो आलीशान पक्का के मकान जगह लेले बाडिस, शहर फेल होत बुझात बा । एहिजा के साइबर अपराधियन नवजवानन में से कईगो के पास बहुत महंगा महंगा गाड़ी भी बाडिस । पिछला कुछ सालन में जामताड़ा के अपराधी सभ अपना देश के कईगो लोगन आ बड़ बड़ ऑफिसरन , मंत्रियन के ठगी के शिकार बनवले बाड़न । जामताड़ा से साइबर ठगी के शुरुआत 2013 से भईल । ओकर बाद से आज तक ई जगह दोसरो देशन में भी साइबर अपराध में अपना झंडा गाड़ चुकल बाड़न ।
जइसे मछली पकड़े खातिर कांटा में चारा लगाके नदी में बंसी डालल जाला आ चारा खाये के लालच में मछली कांटा में फँस जालिस । वसही फ़िशिंग भी हैकर्स द्वारा इन्‍टरनेट पर नकली वेबसाइट भा ईमेल के माध्‍यम से इन्‍टरनेट यूजर्स के साथ धोखेबाजी करके करेलन। जेहमे उ राउर निजी जानकारी के धोखेबाजी के माध्‍यम से चोरा के ओकर  गलत उपयोग करेलन | और राउर खाते के सकेंड में खाली कर देवेलन । एह  से सतर्क रही सावधान रही केकरो बहकावे में ना आई , सुरक्षित रही ।
सर्वाधिकार सुरक्षित ।

डॉ. उमेशजी ओझा

Related posts

Leave a Comment