कवन गीत हम गाईं बसन्ती

कठुआइल उछाह लोगन के,
मेहराइल कन -कन
कवन गीत हम गाईं बसन्ती
पियरी रँगे न मन !!

 

हर मजहब के रंग निराला
राजनीति के गरम मसाला
खण्ड खण्ड पाखण्ड बसन्ती
चटकल मन – दरपन !!

 

गठबन्धन के होय समागम
तिहुआरी टोटरम के मौसम
धुआँ -धूरि कोहराम मचावे
धरती अउर गगन !!

 

गलत कलेण्डर के तिथि लागे
जे देखs ,बउराइल भागे
कोइलरि गइल बिदेस भँवरवा
गड़ही – तीर मगन !!

 

हिम-तुसार-बदरी घिरि आइल
जाय क बेरिया माघ ठठाइल
चुभ-चुभ धँसे बरफ के टेकुआ
सन् सन् चले पवन !!

 

कवन गीत हम गाईं बसन्ती
पियरी रँगे न मन !!

 

  • डॉ अशोक द्विवेदी

 

Related posts

Leave a Comment