साठ बरिस के भइया

भउजी सोरह के बाड़ी आ साठ बरिस के भइया

बाज के चोंच में देखीं अंटकल बिया एक गौरइया

 

भिखमंगा जी बेंच के बेटी, दारू पीके कहलें

बाबू बड़ा ना भइया साला सबसे बड़ा रूपइया

 

पराम्ब्यूलेटरमें घूमत बाड़े अब डैडी के सन

ऊ का जनिहें का होला ई पिठइयां अउर कन्हइया

 

पूजा में भोंपू बाजत बा दिल देबू कि ना हो

और बीच में जय जयकारा जय सुरसती मइया

 

मत पूछीं हमरा से कि हम कब से भटकत बानी

हमरा त लागत बाटे इ जिनगी भूलभुलइया

 

जब तन के छू के गुजरेला घाव करेला टभ टभ

हमरा अंदर के पीड़ा के जानेला पुरवइया

 

ससुरारी के मधुवन में हर ग्वालन सुंदर लागे

सरहज लागे सोनपरी आ साली सोनचिरइया

 

अब त सोनचिरइये जाल बिछावे, फंसे बहेलिया

लोग अनेरे भावुक के बदनाम करेला भईया

 

  • मनोज भावुक

Related posts

Leave a Comment