कुछ दिन बचके रहअ गुरु

कुछ दिन बचके रहअ गुरु

घर में घुस के रहअ गुरु

केहू से मत तनिक सटअ

सबसे कट के रहअ गुरु

फइलल बाटै खूब कोरोना

ख़ूब मचल हौ रोना-धोना

कउनो दवा न असर करत बा

नाहीं कउनो मंतर टोना

चीन से फइलल दुनिया भर में

गाँव-गाँव में,शहर-शहर में

एक लोग से अउर लोग में

एक घरे से, दुसरे घर में

सर्दी से शुरुआत करअ ला

खाँसी दिनों रात करअ ला

फिर जम के बुखार देला

ई किडनी पर फिर घात करअ ला

 

पहिले चीन में ठोकलेस ताल

फिर इटली में किहेस बवाल

काँपअ लगलेन ट्रम्प,पुतिन

अइसन बाटै एकर हाल

भारत में भी फईलत बा ई

सुन ल बाउ ,सुन न माई

हाथ मिलइलअ,समझअ गइलअ

करअ नमस्ते सबसे भाई

सैनेटाइजर साथ में रखअ

शंका हो त हाथ में रखअ

अबही मत मिलअ केहू से

मिटिंग-सिटिंग सब बाद में रखअ

धोअत रहअ हाथ तू रेगुलर

ध्यान रखअ तू सबके उप्पर

अच्छा खा के ,अच्छा पी के

इम्यून सिस्टम रखअ बेहतर

 

खाँसअ मुँह कपड़ा से ढकके

कपड़ा न हो,कोहनी रखके

बार-बार मत चेहरा छूअ

कउनो चीज़ न फेंकअ चखके

पूरी दुनिया बाटै डर में

मोदी जी एकदम पावर में

सब मंत्री एकदम चौकन्ना

घुसल रहअ तू अपने घर में

कर्फ्यू ,बंदी खतरा टरिहन

ऊ बचिहन जे एसे डरिहन

कठिन समय बा सोचअ बंधु

खाली मोदी केतना करिहन

करअ जरा सा तू चतुराई

पैर न रखअ बहरे भाई

कुछ दिन केहू के न पाई

तब कोरोना खुद मर जाई

 

नाही मनलअ त तू जानअ

ऐके आपन गलती मानअ

कोरोना पक्का हारी बस

घर से न निकलब, ई ठानअ

 

विनोद पाण्डेय

वाराणसी

Related posts

Leave a Comment