हिंदुस्तानी अकादमी के भिखारी ठाकुर सम्मान से सम्मानित भोजपुरी के सुप्रसिद्ध साहित्यकार जयशंकर प्रसाद द्विवेदी के ‘काव्य कौस्तुभ’ के मानद उपाधि से नवाजल गइल। साहित्य मंडल नाथद्वारा राजस्थान में आयोजित भगवती प्रसाद देवपुरा स्मृति एवं राष्ट्रीय बाल साहित्य समारोह ( 6 – 7 जनवरी 2023) के उहाँ के एह उपाधि से सम्मानित कइल गइल । बतावत चलीं कि जयशंकर प्रसाद द्विवेदी के अब तक ले 5 गो पुस्तक प्रकाशित हो चुकल बाडी आ उहाँ के 3 गो पुस्तकन के सह सम्पादन कर चुकल बाड़ें। भोजपुरी साहित्य सरिता पत्रिका का पछिला …
Read MoreCategory: टटका समाचार
‘साहित्य आज तक’ के महोत्सव सम्पन्न
‘साहित्य आज तक’ के तीन दिन के समारोह बीत गइल।’साहित्य आज तक’, भा ‘आज तक’ भा इंडिया टूडे ग्रुप के ई बहुते सुखद आ सराहे जोग पहल रहल। शुरुवतिए से जवन टीका-टिप्पड़ी चले लगल रहल, तवन अभियो चल रहल बा। कुछ लोग रजनीगंधा के स्पानसरशिप के लेके कार्यक्रम के क्रिटिसाइज करत देखाइल आ कुछ लोग साहित्यकार चयन के लेके क्रिटिसाइज कर रहल बा। सभे के आपन-आपन तर्क बा, आपन-आपन विचार बा। जे घोड़ा पर चढ़ेला, ओकरे गिरे भा सँभरे के संभावना पर बात होले। आज बाजारवाद के समय ह, जवन…
Read Moreडॉ राजेश माँझी के संपादित पुस्तक के लोकार्पण सम्पन्न भइल
*फ़ीजी उच्चायोग में ‘फ़ीजी में हिंदी : विविध प्रसंग’, डॉ राजेश माँझी के संपादित पुस्तक के लोकार्पण सम्पन्न भइल जवना के संचालन के भूमिका रिंकल शर्मा जी निभावनी। पुस्तक लोकार्पण समारोह में महामहिम फ़िजी उच्चायुक्त श्री कमलेश प्रकाश जी, पापुआ गिनी के उच्चायुक्त , गुयाना के उच्चायुक्त श्री चरनदास परसुआद , मुख्य अतिथि विदेश मंत्रालय सचिव श्री युकेश कुमार बत्रा रहलें आ प्रमुख वक्ता लोगन में डॉ. विमलेश कांति वर्मा (पूर्व प्रथम सचिव, भारतीय उच्चायोग, फ़ीजी); श्री रविन्द्र प्रसाद जायसवाल (संयुक्त सचिव-हिन्दी, विदेश मंत्रालय); डॉ. सच्चिदानंद जोशी (सदस्य सचिव, इंदिरा…
Read Moreहलिए आ रहल बा-‘धक् से लागल बात बावरी’
भोजपुरी के चर्चित कवि आ भोजपुरी साहित्य सरिता के संपादक जयशंकर प्रसाद द्विवेदी के नया काव्य संग्रह ‘धक् से लागल बात बावरी’ प्रेस में जा चुकल बा। उमेद बा कि नवंबर 2022 में प्रकाशित हो के लोक में आ जाई। ई द्विवेदी जी के 5 वीं किताब बाटे।
Read Moreसमाज कल्याण फेडरेसन ऑफ इंडिया भोजपुरी साहित्यकार के सम्मानित कइलस
स्वतन्त्रता दिवस के पहिल संझा के समाज कल्याण फेडरेसन ऑफ इंडिया अपने एगो कार्यक्रम में गाजियाबाद के सुप्रसिद्ध भोजपुरी साहित्यकार जयशंकर प्रसाद द्विवेदी के उनुका भोजपुरी के सतत सेवा खातिर सम्मानित कइलस। संस्था के अध्यक्ष जितेंद्र बच्चन जी कहलें कि जहाँ लोग शहर में जाते आपन मातृभाषा भुला जाला, उहें भोजपुरी क रेगिस्तान कहावे वाला जगहा पर द्विवेदी जी पछिला 5-6 बरिस से भोजपुरी के मासिक पत्रिका भोजपुरी साहित्य सरिता निकाल रहल बाड़न। संगही उहाँ के 4 गो किताब प्रकाशित हो चुकल बाड़ी आ 5 गो किताबन के संपादनों क…
Read Moreअपनइत के काव्य गोष्ठी सम्पन्न भइल
स्वतंत्रता दिवस के पूर्व संध्या पर एक काव्यगोष्ठी “अपनइत ” (भोजपुरी संस्था) के तत्वावधान में हमरे आवास शास्त्री नगर गाजियाबाद में सम्पन्न भइल जेकर अध्यक्षता क भूमिका देस क जानल मानल प्रतिष्ठित कवि ,शायर, पत्रकार अ सम्पादक हम सबकर दुलरूआ अ चहेता भाई मनोज भावुक जी निभवलन। गोष्ठी के अध्यक्ष भाई मनोज भावुक जी मां सरस्वती के प्रतिमा पर माल्यार्पण कर के दीप प्रज्वलित कइलन , ओकरे उपरान्त श्री अजयवीर सिंह त्यागी जी सम्मानित अध्यक्ष अ रचना कारन क स्वागत माला पहिना के अ शाल ओढ़ाके कइलन। गोष्ठी क सफल…
Read Moreयाद कइल गइले कवि गीतकार ‘सत्तन’ जी
सुखवा क ताना आ दुखवा क बाना हेरि-हेरि हारीं हेराइल बहाना संझा बिहान ओरहन भींज जाला मड़इया में मोर मन भींज जाला…’सत्तन’ गत 19/07/2022 के साँझ के चार बजे से भोजपुरी के कवि-गीतकार स्व. सत्यनारायण मिश्र ‘सत्तन’ जी के पूण्यस्मृति में सत्तन सम्मान समारोह बार एसोशिएशन सिविल कोर्ट सभागार ,गोरखपुर में आयोजित भइल। कार्यक्रम के अध्यक्षता प्रो रामदेव शुक्ल जी कइलें,मुख्य अतिथि पं हरिराम द्विवेदी जी रहलें , मंचासीन मुख्य वक्तागण प्रो अनंत मिश्र, प्रो चितरंजन मिश्र, जुगानी भाई, डा आद्या प्रसाद द्विवेदी ,प्रो आर डी राय जी रहलें ।…
Read Moreभिखारी ठाकुर प विशेष संगोष्ठी के आयोजन
बीएचयू के भोजपुरी अध्ययन केंद्र में आज “भोजपुरी की लोक संस्कृति और उसके लोक नायक” श्रृंखला के तहत भिखारी ठाकुर प विशेष संगोष्ठी के आयोजन भइल. एह संगोष्ठी के अध्यक्षता समन्वयक श्रीप्रकाश शुक्ल जी कइनी. जहवां विशिष्ट वक्ता के रूप में बलिया से आइल डा. शुभनीत कौशिक लोक संस्कृति आ भोजपुरी नाटकन के परंपरा प विस्तार से डलनी त मुख्य वक्ता के रूप में दिल्ली विश्वविद्यालय से आइल डा. मुन्ना कुमार पांडेय जीआपन सारगर्भित भाषण से लोक नायक के रूप में भिखारी ठाकुर के अवदान आ एगो नायक के रूप…
Read More‘अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन’ के दिल्ली इकाई के गठन भइल
दिल्ली। ‘अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन’ भोजपुरी साहित्य के संवर्धन-संरक्षण के क्षेत्र में काम करे वाली सबसे पुरान संस्था ह। एह संस्था से अनेक वरिष्ठ साहित्यकार लोग जुड़ रहल बा। एह संस्था के 21 वां अधिवेशन पिछला 26-27 फरवरी के बिहार के मोतिहारी में भइल। अधिवेशन सम्मेलन के नया कार्यकारिणी के गठन भइल आ ओही में प्रतिज्ञा पढ़ल गइल कि एकर विस्तार देश के अलग-अलग राज्यो में कइल जाई। ओहि सिलसिला में दिल्ली इकाई के संयोजक केशव मोहन पाण्डेय के बनावल गइल। पिछले दिन दिल्ली इकाई के गठन भइल ह।…
Read Moreअपनइत के गठन आ पहिल काव्य गोष्ठी सम्पन्न भइल
एक संकल्प,एक उद्देश्य, एक समर्पण अ एक सुखद प्रयास बा अपने माई भाषा भोजपुरी के मान मर्यादा, समृध्दि अ विकास बदे समर्पित संस्था बा । काल क दिन भोजपुरी अ भोजपुरियन बदे एक ऐतिहासिक दिन रहै काहे से कि काल्ह गाजियाबाद में भोजपुरी बदे समर्पित अ संकल्पित एक संस्था “अपनइत” क गठन गइल गयल जवने के पहिली बइठकी,अ गोष्ठी क मेज़बानी करैक सौभाग्य हमरा के अ हमरे परिवार के मिलल लेकिन एकर सूत्रधार अ रूपरेखा तइयार करै वाला जे बा ऊ भोजपुरियन बदे अ गाजियाबाद एन सी आर में रहै…
Read More