विश्व पुस्तक मेला – 2025 में 8 फरवरी के संगीत रागी जी के काव्य संग्रह ‘मुझे तुमसे कोई गिला नहीं’ के लोकार्पण सम्पन्न भइल । एह समारोह में संगीत रागी, अखिलेन्द्र मिश्रा, ओम निश्चल, चंद्र प्रकाश द्विवेदी ,केशव मोहन पाण्डेय , लक्ष्मी शंकर वाजपेई आ जयशंकर प्रसाद द्विवेदी सिरकत कइलें।
Read MoreDay: February 14, 2025
जयशंकर प्रसाद द्विवेदी के पहिल हिन्दी काव्य संकलन ‘सूत्रधार कौन’ के विमोचन भइल
विश्व पुस्तक मेला -2025 के 6 वे दिन भोजपुरी के प्रतिष्ठित कवि आ भोजपुरी साहित्य सरिता के संपादक जयशंकर प्रसाद द्विवेदी के पहिल हिन्दी काव्य संकलन ‘सूत्रधार कौन’ के विमोचन ‘सर्वभाषा ट्रस्ट के स्टाल पर सम्पन्न भइल। लोकरपन समारोह में उत्तर प्रदेश हिन्दी संस्थान के प्रधान संपादक डॉ अमिता दुबे, प्रखर आलोचक ओम निश्चल , प्रभात पाण्डेय, आस्था सहित अनेक विद्वान लोग सिरकत कइलें। सर्वभाषा ट्रस्ट के संजोजक केशव मोहन पाण्डेय जी एह ला सभाके प्रति आभार जतवलें।
Read Moreभोजपुरी कविता के राह में युवा कवि गुलरेज के ‘धाह’
भोजपुरी के युवा पीढ़ी के कविता में ताजगी त बड़ले बा बाकिर ओमें जवन उबाल आ आक्रोश के अभिव्यक्ति बा ओकरो में तल्खी ले जादे तथ्य आ समझदारी के प्रधानता बा।ई पीढ़ीअपना असंतोष,खीस आ नाराजगी के अपना संघर्ष,प्रतिरोध आ तर्कपूर्ण अभिव्यक्ति के जरिए मुखर करे के जानेले।गुलरेज शहजाद एह पीढ़ी के एगो महत्वपूर्ण हस्ताक्षर बाड़न। भोजपुरी कविता के दूनू रूप- प्रबंध आ मुक्तक काव्य में अपना प्रतिभा के लोहा मनवा देबेवाला कवि आज मौजूद बाड़ें।एह पीढ़ी में सुशांत कुमार शर्मा जइसन प्रबंध काव्य के रचयिता कवि अगर बाड़ें त अक्षय…
Read More