ग़ज़ल

भोर ले लोर अँखिया के खरचा भइल। रात भर मन ही मन उनके चरचा भइल। जेके रखनीं ए हियरा में आठों पहर, जाने कइसेदो मन ओकर मरिचा भइल। मन परीक्षा में हल खोजते रहि गइल, आँख उनकर सवालन के परचा भइल। कवनो पूरुब – पच्छिम के कमाई बा का, जे रहे हाथ पर खरचा – वरचा भइल। मन के मंदिर में शंकर ना अइले कबो, रात भर गाँव में शिव- चरचा भइल। हाय! ‘ संजय’ के बोलल त काले भइल, कहले नीमन बदे बाकिर मरिचा भइल।   संजय मिश्रा ‘संजय’

Read More