जेठ में अइसन खेल भइल ह
सावन भादो फेल भइल ह ।
नदी नहर फूफकरले बाटे
ताल पोखर भी भरले बाटे
धान क बिआ सांस ना लिहलस
अइसन इहां झमेल भइल ह
सावन भादो फेल भइल ह ।
केकर लगल ह उल्टा बानी
लूह के बदले बरसे पानी
ललका पानी भरल सिवनवां
पूरा रेलम रेल भइल ह
सावन भादो फेल भइल ह ।
तेलहंडा में गइल किसानी
कइसे रइहें पशु परानी
का खइबा का देहं लगइबा
महंगा सरसो तेल भइल ह
सावन भादो फेल भइल ह ।
सांचो में भठजुग बा आइल
तबो नाहीं बात बुझाइल
खाली कोरोनवें नइखे एगो
अउर भी ठेलम ठेल भइल ह
सावन भादो फेल भइल ह ।
- रत्नेश चंचल