स्वतन्त्रता दिवस के पहिल संझा के समाज कल्याण फेडरेसन ऑफ इंडिया अपने एगो कार्यक्रम में गाजियाबाद के सुप्रसिद्ध भोजपुरी साहित्यकार जयशंकर प्रसाद द्विवेदी के उनुका भोजपुरी के सतत सेवा खातिर सम्मानित कइलस। संस्था के अध्यक्ष जितेंद्र बच्चन जी कहलें कि जहाँ लोग शहर में जाते आपन मातृभाषा भुला जाला, उहें भोजपुरी क रेगिस्तान कहावे वाला जगहा पर द्विवेदी जी पछिला 5-6 बरिस से भोजपुरी के मासिक पत्रिका भोजपुरी साहित्य सरिता निकाल रहल बाड़न। संगही उहाँ के 4 गो किताब प्रकाशित हो चुकल बाड़ी आ 5 गो किताबन के संपादनों क चुकल बाड़न। समाज कल्याण फेडरेसन ऑफ इंडिया उनुके एह कुल्हि कृत्य के नमन कर रहल बा। संस्था अंग वस्त्र आ प्रतीक चिन्ह दे सम्मान क के अपना धन्य मान रहल बा।
Related posts
-
भोजपुरी भाषा के मान्यता खातिर बड़हर धरना प्रदर्शन के आयोजन भइल
नई दिल्ली,भोजपुरी भाषा के संविधान का आठवीं अनुसूची में शामिल करावे खातिर ‘ भोजपुरी जन जागरण... -
मातृभाषा दिवस (२१ .२. २०२४)के अवसर पर एगो सारस्वत समारोह के आयोजन
विश्व भोजपुरी सम्मेलन, प्रांतीय इकाई (उ.प्र.) के तत्वावधान में मातृभाषा दिवस (२१ .२. २०२४)के अवसर पर... -
सरस्वती पूजा के आयोजन भइल
बलिया। बांसडीह रोड थाना क्षेत्र के तिखमपुर गांव स्थित एक कालोनी में अपरिमिता- साहित्यिक, सामाजिक एवं...